Shubman Gill GT Captain, IPL: गुजरात टाइटन्स कइलस नया कप्तान के ऐलान… हार्दिक के जगह शुभमन गिल के मिलल कमान

Minee Upadhyay

इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) में एगो बड़हन खबर आइल बा। गुजरात टाइटन्स (जीटी) अपना नयका कप्तान के एलान कइले बिया। टीम इंडिया के स्टार ओपनर शुभमन गिल अब आईपीएल के आवे वाला सीजन में गुजरात टाइटन्स के कप्तान बन जइहें। हार्दिक पांड्या के मुंबई इंडियंस (एमआई) में जाए के बाद गुजरात टाइटन्स इs बड़ फैसला कईले बिया।

गुजरात टाइटन्स के क्रिकेट निदेशक विक्रम सोलंकी कहले कि, ‘शुभमन गिल पछिला दु साल में खेल के उच्चतम स्तर पs काफी प्रगति कईले बाड़े। हमनी के उनुका के खाली बल्लेबाज के रूप में ना बालुक क्रिकेट में अग्रणी के रूप में भी परिपक्व होखत देखले बानी जा। मैदान में उनुकर योगदान से गुजरात टाइटन्स के एगो मजबूत ताकत के रूप में उभर के सामने आवे में मदद मिलल बा। उनुकर परिपक्वता आ हुनर ​​मैदान पs उनुका प्रदर्शन से साफ लउकत बा। हमनी के उनुका के कप्तान बनावे खातिर उत्साहित बानी जा।

गिल आईपीएल 2023 में सबले बेसी रन बनावे वाला रहलें। गिल 7 मैच में 59.33 के औसत से 890 रन बनवले रहले। केन विलियमसन भी गुजरात टाइटन्स के कप्तान बने के दौड़ में रहले, लेकिन भविष्य के ध्यान में राखत फ्रेंचाइजी ए युवा भारतीय खिलाड़ी के महत्व देले बिया।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।