छव लेन सड़क से जुड़ी श्रीरामजन्मभूमि : लखनऊ-गोरखपुर हाईवे के बढ़ावल जाई चौड़ाई, तइयार हो रहल बा डीपीआर

Share

रामलला के जन्मभूमि छव लेन सड़क से जोड़ल जाई। एकरा खातिर वाया अयोध्या, लखनऊ से गोरखपुर तक हाईवे के चौड़ा करे के फैसला कइल गइल बा। अभी ई रोड फोरलेन बा। एह सड़क के चौड़ा करे खातिर जल्दिये भारतीय राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण (एनएचएआई) टेंडर आमंत्रित करी।

अयोध्या में रामलला के मंदिर के निर्माण पूरा होखला प इहां पूरा संसार से आवे वाला श्रद्धालुअन के संख्या में बढ़न्ती होखल तय बा। एकरा के धेयान में राखत ढांचागत सुविधा विकसित कइल जा रहल बा। एही के तहत लखनऊ-अयोध्या-गोरखपुर हाईवे के छव लेन तक चौड़ा करे के योजना बना लिहल गइल बा।

लखनऊ से अयोध्या के बीच हाईवे से सटल गांव आ कस्बा बा। एहिसे जहां सड़क के चौड़ा करे लायक जमीन उपलब्ध ना होई, उहां फ्लाईओवर बनावल जाई। लखनऊ से गोरखपुर तक हाईवे के लंबाई 269 किमी बा। समूचा हाईवे प 40 अइसन स्थान चिह्नित कइल गइल बा, जहां फ्लाईओवर बनावल जाई।

एनएचएआई सूत्रन के मोताबिक, केंद्रीय सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्रालय एह परियोजना के सैद्धांतिक मंजूरी दे देले बा। जल्दिये डीपीआर (विस्तृत प्रोजेक्ट रिपोर्ट) तइयार हो जाई। लागत आ आउर विशिष्टियन के आकलन होखला के बाद टेंडर आमंत्रित कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-