पटना। फतुहा रेलवे स्टेशन पs सोमार के सबेरे डाउन लाइन में श्रमजीवी एक्सप्रेस के संगे बड़ा हादसा टल गइल। ट्रेन के कपलिंग टूटला से दूगो कोच मुख्य ट्रेन से अलग होके प्लेटफार्म पs रुक गइल। गनीमत रहल कि ई घटना स्टेशन से ट्रेन खुलला के तुरंत बाद भइल आ कवनो यात्री घायल ना भइल।
प्राप्त जानकारी के अनुसार, सबेरे करीब 8:10 बजे श्रमजीवी एक्सप्रेस फतुहा स्टेशन से आगे खातिर रवाना भइल। ट्रेन के प्लेटफार्म छोड़तही अचानक दूगो बोगी मुख्य रैक से अलग हो गइल। जइसही गार्ड आ स्टेशन मास्टर के जानकारी मिलल, तुरंत ट्रेन रोकल गइल आ यात्रियन के सुरक्षित रखे खातिर एहतियाती कदम उठावल गइल।
करीब 21 मिनट बाद, माने 8:31 बजे रेलवे कर्मचारी अलग भइल बोगियन के फेर से जोड़लस। एकरा बाद तकनीकी जांच कइल गइल आ सुनिश्चित कइल गइल कि ट्रेन सुरक्षित ढंग से आगे बढ़ सके। जांच पूरा होखला के बाद 9:02 बजे श्रमजीवी एक्सप्रेस के गंतव्य के ओर रवाना कइल गइल।
रेलवे अधिकारी बतावल लोग कि ई पूरा तरे से कपलिंग टूटे के ममिला बा। समय रहते स्टेशन पs गड़बड़ी के पता चल गइल, अन्यथा तेज रफ्तार में जदि कोच अलग हो जाइत तs बड़ हादसा हो सकत रहे आ यात्रियन के जान के गंभीर खतरा हो सकत रहे।
यात्री राहत के सांस लिहल लोग कि हादसा स्टेशने पs भइल। रेलवे के ओर से कपलिंग टूटला के कारणन के जांच के आदेश दे दिहल गइल बा। फिलहाल इस्थिति सामान्य बा आ ट्रेन अपना तय मार्ग पs रवाना कs दिहल गइल बा।
एह घटना से यात्रियन के बीच तनिका देर अफरा-तफरी के माहौल रहल, बाकिर त्वरित कार्रवाई से कवनो तरे के अप्रिय इस्थिति नइखे बनल।