Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फिल्म ‘महादेव के गोरखपुर’ के शूटिंग शुरू, पांच भाषा में होई रिलीज

1,633

फिल्म महादेव के गोरखपुर के शूटिंग अतवार के जीडीए परिसर में शुरू भइल। सांसद अउर फिल्म अभिनेता रवि किशन शुक्ला बतवलें कि ई फिल्म भोजपुरी, हिंदी, तेलगू, कन्नड सहित पांच भाषा में रिलीज होई। ई बड़ बजट के फिल्म ह जौन भोजपुरी भाषा के विश्व में अलग पहचान देई।

जीडीए सभागार में ही प्रेसवार्ता करत सांसद बतवलें कि फिल्म के निर्माता पहिले शूटिंग केरल में कइल चाहत रहनें। हम गोरखपुर में शूटिंग खातिर कहनीं। ऊ इहां अइलें अउर इहां के लोकेशन उनके पसंद आइल। एह फिल्म के शीर्षक भी बहुत निम्मन बा। एहमें 60 प्रतिशत से अधिक कलाकार स्थानीय बानें। फिल्म के माध्यम से लोग के रोजगार अउर अभिनय के बढ़ावा मिल रहल बा

ऊ कहली कि दक्षिण भारत से टीम इहां आ के काम कs रहल बा जौन गोरखपुर अउर पूर्वांचल खातिर गर्व के बात ह। ऊ कहली कि रिजनल फिल्म इंडस्ट्री के निर्माण जल्द होई। प्रधानमंत्री मोदी अउर मुख्यमंत्री योगी के नेतृत्व लगातार रोजगार अउर उद्योग के बढ़ावा मिल रहल बा।

फिल्म के कलाकार

एह फिल्म में सांसद रवि किशन, प्रमोद पाठक (हिंदी), लाल (तेलुगु), राजश्री पोनप्पा (कन्नड़), किशोर (तमिल) मानसी सहगल (पूर्व मिस दिल्ली), सुशील सिंह, विनीत विशाल, रविशंकर खरे मुख्य भूमिका में बानें। राज प्रेमी, (भोजपुरी) फिल्म के निर्देशक राजेश मोहन जबकि निर्माता प्रीतेश शाह अउर सलिल शंकरन हवें। फिल्म के कहानी सनारायन लिखले रहनें। डीओपी अरविंद सिंह अउर फिल्म में संगीत अगम अग्रवाल दिहले बानें।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.