Alia Ranbir Daughter Name: का होई आलिया भट्ट के बेटी के नाम? पहिलही एक्ट्रेस कइले रहली था खुलासा!

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 7, 2022

Alia Ranbir Daughter Name: आलिया भट्ट (Alia Bhatt) आ रणबीर कपूर (Ranbir Kapoor) पैरेंट्स बन गइल बा लो। अतवार के आलिया एगो बेटी के जन्म देले बाड़ी, जवना के बाद से सोशल मीडिया प कपल

Share

Alia Ranbir Daughter Name: आलिया भट्ट (Alia Bhatt) आ रणबीर कपूर (Ranbir Kapoor) पैरेंट्स बन गइल बा लो। अतवार के आलिया एगो बेटी के जन्म देले बाड़ी, जवना के बाद से सोशल मीडिया प कपल के खूब सारा शुभकामना मिल रहल बा। सेलेब्स ओह लो के खूब बधाई दे रहल बा लो। एह बीच फैंस कयास लगा रहल बा लो कि दुनो अपना बेटी के का नाम रखी लो। एकर खुलासा आलिया बहुत पहिलही क देले रहली।

का होई आलिया के बेटी के नाम?

असल में, आलिया भट्ट आ रणबीर कपूर जइसही माई-बाप बनल लो, ओइसही एक्ट्रेस के एगो पुरान वीडियो सोशल मीडिया प वायरल होखे लागल। वीडियो में एक्ट्रेस रियलिटी शो सुपर डांसर सीजन 3 के सेट प दिख रहल बाड़ी। शो में ऊ अपना फिलिम गली बॉय के प्रमोशन करे आइल रहली। एह दौरान एगो छोट कंटस्टेंट से आलिया अपना नाम के स्पेलिंग बतावे के कहली। बाकिर ऊ बच्चा गलत स्पेल करत कहत बा- ‘A-L-M-A-A.’

आलिया के बेटी के नाम से हटल पर्दा!

ओह कंटेस्टेंट के बात सुनके आलिया भट्ट कहत बाड़ी, आलमा बहुते सुंदर नाम बा, हम आपन बेटी के नाम आलमा रखेम.’ अब देखे के होई सच में एक्ट्रेस इहे नाम रखत बाड़ी कि कुछ आउर, रणबीर कपूर के एगो पुरान वीडियो सामने आइल बा, जेमे ऊ कहत बाड़े कि उनका बेटिये चाहीं। रणबीर शमशेरा फिलिम प्रमोशन करे कुछ महीना पहिले स्टार परिवार शो में गइल रहले। ई वीडियो ओहि समय के बा। एमे ऊ कहत बिया, ‘हमरा त बेटिये चाहीं।

आलिया भट्ट के हेल्थ अपडेट

नीतू कपूर आपन बहू आलिया भट्ट के हेल्थ अपडेट देत कहली, बेबी आ आलिया एकदम फर्स्ट क्लास बा लो। सब कुछ ठीक बा। ओहिजा, पैपराजी नीतू कपूर से पूछले, बेबी केकरा प भइल बिया आलिया जी प कि रणबीर प।  एहपर एक्ट्रेस कहली, अभी छोट बाड़ी, आजे भइल बाड़ी। त फेर पता ना एतना, बाकिर ऊ बहुते प्यारी बिया।

आलिया भट्ट आ रणबीर कपूर सोशल मीडिया प बेटी होखला के खुशी शेयर कइलें। एक्ट्रेस एगो शेर के फैमिली के चित्र बनावत पोस्टर प लिखले, हमनी के जिनगी के सबसे बड़ खुशखबरी बा: हमनी के बच्चा के जनम हो गइल बा आ ऊ केतना प्यारी बच्ची बाड़ी। हमनी के माई-बाबूजी बन गइल बाड़ें, जवना से हमनी के खुशी के ठिकाना नइखें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.