Share Market: रिलायंस सहित टॉप-10 में से छव कंपनियन के मार्केट वैल्यू में करोड़न के गिरावट, निवेशकन के झटका

शेयर बाजार

Share

बिजनेस डेस्क। पिछला हफ्ता शेयर बाजार में कमजोरी के असर देस के सबसे मूल्यवान कंपनियन पs लउकल। टॉप-10 में सबसे जादे वैल्यू वाली कंपनियन में से 6 के बाजार पूंजीकरण (मार्केट कैप) में कुल ₹2.22 लाख करोड़ के गिरावट दर्ज कइल गइल। एह गिरावट में सबसे जादे नुकसान रिलायंस इंडस्ट्रीज के भइल बा, जवना के मार्केट कैप ₹1.14 लाख करोड़ तक घट गइल।

बीएसई सेंसेक्स पिछला हफ्ता 294.64 अंक माने 0.36 फीसदी गिरल। विश्लेषकन के कहनाम बा कि बिदेसी निवेशकन के बिकवाली, व्यापार समझौतन के लेके अनिश्चितता आ कुछ बड़ कंपनियन के कमजोर प्रदर्शन के वजह से बाजार में दबाव बनल रहल। हालांकि, बैंकिंग सेक्टर मजबूत नतीजन के वजह से तनिका राहत देलस।

रिलायंस के सबसे बड़ नुकसान

रिलायंस इंडस्ट्रीज के मार्केट कैप ₹1,14,687.7 करोड़ घटके ₹18,83,855.52 करोड़ रह गइल। ई टॉप-10 कंपनियन में सबसे बड़ गिरावट बा। एकरा अलावे टीसीएस के ₹20,080.39 करोड़, इंफोसिस के ₹29,474.56 करोड़, एलआईसी के ₹23,086.24 करोड़, बजाज फाइनेंस के ₹17,524.3 करोड़ आ हिंदुस्तान यूनिलीवर को ₹17,339.98 करोड़ के गिरावट झेले के पड़ल।

बैंकिंग सेक्टर देखवलस मजबूती

हालांकि, कुछ कंपनी बाजार में बढ़त दर्ज कइली सs। एचडीएफसी बैंक के मार्केट कैप ₹37,161.53 करोड़ बढ़के ₹15,38,078.95 करोड़ हो गइल। आईसीआईसीआई बैंक को ₹35,814.41 करोड़ के बढ़त मिलल आ ओकर मूल्यांकन ₹10,53,823.14 करोड़ पहुंच गइल। भारती एयरटेल ₹20,841.2 करोड़ आ स्टेट बैंक ऑफ इंडिया ₹9,685.34 करोड़ के बढ़त हासिल कइलस।

एह कंपनियन के बनल टॉप रैंकिंग

रिलायंस इंडस्ट्रीज अभियो देस के सबसे मूल्यवान कंपनी बनल बिया, ओकरा बाद एचडीएफसी बैंक, टीसीएस, भारती एयरटेल, आईसीआईसीआई बैंक, एसबीआई, इंफोसिस, बजाज फाइनेंस, हिंदुस्तान यूनिलीवर आ एलआईसी के स्थान बा।

भविष्य खातिर सतर्कता जरूरी

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि बाजार में आगहू उतार-चढ़ाव बनल रह सकत बा, खास कs के जब तक बेयपार समझौतन पs इस्थिति स्पष्ट नइखे हो जात आ बिदेसी निवेशकन के दिशा साफ नइखे होत। निवेशकन के सतर्क रहे के सलाह दिहल जा रहल बा।

Read Also: टीवी आ इंटरनेट मीडिया निगल रहल बा मासूमियत, सरकार असहाय: हाई कोर्ट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-