[the_ad_group id="30365"]

Share Market : सेंसेक्स  निफ्टी में गिरावट के संगे सुरुआत, डॉलर के मुकाबले रुपिया में मजबूती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। सेंसेक्स आ निफ्टी में बियफे के कारोबार गिरावट के संगे सुरु भइल। हालांकि, अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया में मजबूती देखल गइल। सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया 12 पईसा बढ़के 86.29 पs पहुंच गइल। ब्लू-चिप शेयरन में मुनाफावसूली आ बिदेसी पूंजी के निरंतर निकासी के बीच बियफे के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में गिरावट दर्ज कइल गइल।

सकारात्मक सुरुआत के बादो, 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स अपना गति के आगे ना बढ़ा सकल आ बाद में गिरावट दर्ज कइल गइल। सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क 130.92 अंक गिरके 82,595.72 पs आ गइल। 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 23 अंक गिरके 25,196.90 पs आ गइल।

सेंसेक्स के प्रमुख कंपनियन के कइसन रहज हाल, जानीं

सेंसेक्स के कंपनियल में ट्रेंट, कोटक महिंद्रा बैंक, अल्ट्राटेक सीमेंट, बजाज फाइनेंस, टेक महिंद्रा, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, इंफोसिस आ एक्सिस बैंक सबसे जादे गिरावट में रहल। हालांकि, टाटा मोटर्स, इटर्नल, सन फार्मा आ टाटा स्टील लाभ में रहल। इंफोसिस लिमिटेड बुध के जून तिमाही के सुद्ध लाभ में 8.7 प्रतिशत के बढ़न्ती के सूचना देलस आ उम्मीद से जादे मजबूत आय बढ़न्ती के बाद अपना पूरा बरिस के राजस्व पूर्वानुमान के कम कs देलस।

एशियाई आ अमेरिकी बाजारन में दिखल बढ़त

एशियाई बाजारन में, दक्षिण कोरिया के कोस्पी, जापान के निक्केई 225 सूचकांक, शंघाई के एसएसई कम्पोजिट सूचकांक आ हांगकांग के हैंगसेंग सकारात्मक क्षेत्र में कारोबार करत रहे। बुध के अमेरिकी बाजार बढ़त के संगे बंद भइल।

Read Also: Sawan 2025: सीवान में कांवरियन से भरल पिकअप पलटल, 30 घायल, 5 के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]