Share Bazar : सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 3200 आ निफ्टी 1200 से जादे अंक उछलल, ट्रेड डील के असर

Share

बिजनेस डेस्क। भारत आ अमेरिका के बीच सोमार के रात बेयपार समझौता के एलान के सीधा असर मंगर के सबेरे शेयर बाजार में साफ-साफ देखे के मिलल। आम बजट के दिन (01 फरवरी) भारी गिरावट झेलला के बाद मंगर के दिन शेयर बाजार दमदार वापसी कइलस। सेंसेक्स करीब 3200 अंक तs निफ्टी 1200 अंक से जादे उछलल।

सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 3,656.74 अंक बढ़ के 85,323.20 पs पहुंच गइल, जबकि निफ्टी 1,219.65 अंक चढ़ के 26,308.05 के स्तर पs पहुंच गइल।

रिलायंस-अदाणी सहित कइयन गो शेयरन में जबरदस्त तेजी

18 फीसदी टैरिफ घटला आ ट्रेड डील पs सहमति बनला के असर बाजार खुलतही लउके लागल। रिलायंस आ अदाणी ग्रुप सहित कइयन गो बड़ कंपनी के शेयर में तूफानी तेजी देखे के मिलल। जानकारी के मोताबिक, अदाणी पोर्ट्स के शेयर करीब 6.91 फीसदी तक उछलल। ओहिजा दिग्गज कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज के शेयर करीब 4 फीसदी तेजी के संगे कारोबार करत नजर आइल।

बढ़त के संगे बंद भइल रहे शेयर बाजार

बजट वाला दिन भारी गिरावट के बाद सोमार (02 फरवरी) के शेयर बाजार में जोरदार तेजी देखे के मिलल। खरीदारी के दम पs बेंचमार्क सेंसेक्स 943 अंक चढ़ गइल। तेल-गैस, बैंकिंग आ ऑटो सेक्टर के ब्लू-चिप शेयर में बढ़िया खरीदारी भइला से बाजार में उछाल आइल।

30 शेयर वाला बीएसई सेंसेक्स 943.52 अंक माने 1.17 फीसदी बढ़ के 81,666.46 पs बंद भइल। कारोबार के दौरान ई 1,009.31 अंक (1.25 फीसदी) चढ़ के 81,732.25 के ऊंच स्तर तक पहुंच गइल रहे।

ओहिजा, 50 शेयर वाला एनएसई निफ्टी 262.95 अंक माने 1.06 फीसदी बढ़ के 25,088.40 पs बंद भइल। दिन के दौरान निफ्टी 282.65 अंक (1.13 फीसदी) चढ़के 25,108.10 के स्तर तक पहुंच गइल रहे।

Read Also: Tarrif : ‘50% ना, अब भारत पs खाली 18% टैरिफ लागी…’, ट्रंप के एलान के बाद आइल व्हाइट हाउस के बड़ बयान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-