[the_ad_group id="30365"]

Share Market : घरेलू शेयर बाजार के सपाट सुरुआत, उतार-चढ़ाव के बाद फेर लाल निशान में लवटल सेंसेक्स-निफ्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। वैश्विक बाजारन से मिलत-जुलल मजबूत संकेत आ ब्लू-चिप बैंक शेयरन में खरीदारी के सहारे मंगर के सबेरे घरेलू शेयर बाजार सुरुआती गिरावट से उबरत नजर अइल। हालांकि, कारोबार आगे बढ़ला के संगे बाजार में उतार-चढ़ाव बढ़ल आ आखिरकार सेंसेक्स आ निफ्टी फेर लाल निशान में लवट आइल।

सुरुआती कारोबार में 30 शेयर वाला बीएसई सेंसेक्स 417.68 अंक गिर के 81,120.02 अंक पs आ गइल, जबकि 50 शेयर वाला एनएसई निफ्टी 111.10 अंक टूट के 24,937.55 अंक पs पहुंच गइल। कुछ देर बाद बैंकिंग आ चुनिंदा हैवीवेट शेयरन में खरीदारी आइल, जवना से बाजार में तेजी देखे के मिलल। सेंसेक्स 298.06 अंक चढ़ के 81,814.74 अंक तक पहुंच गइल, जबकि निफ्टी 91.85 अंक के बढ़त के संगे 25,151.15 अंक पs कारोबार करत रहे।

सुरुआती कारोबार में भारतीय रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबले आपन अबतक के सबसे निचला स्तर से 10 पईसा सुधर के 91.80 पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के शेयरन के हाल

सेंसेक्स में सामिल 30 कंपनियन में से एक्सिस बैंक, अदानी पोर्ट्स, अल्ट्राटेक सीमेंट, भारत इलेक्ट्रॉनिक्स, टाटा स्टील, एनटीपीसी, स्टेट बैंक ऑफ इंडिया आ टेक महिंद्रा सबसे जादे फायदा कमावे वाला में सामिल रहलें।

एक्सिस बैंक के शेयर में 4 प्रतिशत से जादे के तेजी आइल, काहे कि दिसंबर तिमाही में कंपनी के सुद्ध मुनाफा 4 प्रतिशत बढ़ के 7,010.65 करोड़ रुपिया पहुंच गइल। ओने, कोटक महिंद्रा बैंक के तीसरका तिमाही के नतीजा कमजोर रहे, जवना से ओकर शेयर 4 प्रतिशत से जादे गिर गइल। महिंद्रा एंड महिंद्रा, मारुति सुजुकी, हिंदुस्तान यूनिलीवर आ आईसीआईसीआई बैंको नुकसान उठावे वाला में सामिल रहल।

वैश्विक संकेत

मंगर के दिने एशियाई बाजारन में मजबूती देखे के मिलल। जापान के निक्केई 225, दक्षिण कोरिया के कोस्पी, शंघाई कंपोजिट आ हांगकांग के हैंग सेंग ऊंचा स्तर पs कारोबार करत रहे। सोमार के दिने अमेरिकी बाजार बढ़त के संगे बंद भइल रहे।

वैश्विक तेल मानक ब्रेंट क्रूड के कीमत 0.72 प्रतिशत गिरके 65.12 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल। एक्सचेंज के आंकड़न के मोताबिक, बिदेसी निवेशक सुक के दिने 4,113.38 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लोग, जबकि घरेलू संस्थागत निवेशक 4,102.56 करोड़ रुपिया के शेयर किनल।

गणतंत्र दिवस के चलते सोमार के दिने शेयर बाजार बंद रहे। सुक के सत्र में सेंसेक्स 769.67 अंक टूटके 81,537.70 आ निफ्टी 241.25 अंक गिरके 25,048.65 पs बंद भइल रहे।

Read Also: Shakeel Ahmad v Rahul Gandhi : राहुल के असुरक्षित नेता बतावे वाला पूर्व कांग्रेसी सांसद शकील अहमद के दावा- मिल रहल बा धमकी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]