Share Market में तेजी ओकरा बादो परेशान बाड़े निवेशक, Zerodha आ Angelone प्लेटफॉर्म भइल डाउन

Share

आज शेयर बाजार के दुनु सूचकांक यानी BSE आ NSE तेजी के साथे कारोबार कर रहल बा। शेयर बाजार में आई तेजी के बावजूद कई गो निवेशक परेशान बाड़े। दरअसल Zerodha आ Angelone प्लेटफॉर्म डाउन हो गइल बा। अइसे में निवेशकन के शेयर के किने-बेजे में दिक्कत आ रहल बा। सोशल मीडिया पs ट्रेडर्स लगातार शिकायत कर रहल बाड़े। पढ़ें पूरा खबर…

स्टॉक मार्केट आज ऑल-टाइम हाई पs कारोबार कर रहल बा। बाजार में आइल तेजी के बावजूद कुछ निवेशक परेशान बाड़े। दरअसल, ऑनलाइन स्टॉक ट्रेडिंग प्लेटफॉर्म जीरोधा ( Zerodha) आ एंजल वन (Angel One) डाउन बा। एही वजह से ट्रेडर्स को शेयर के किने – बेचे में दिक्कत आ रहल बा।

लोकसभा चुनाव 2024 के नतीजन से पहिले आइल एगिजट पोल के अनुसार एह बेर इस्थिर सरकार रहे के उम्मीद बा। कई गो एग्जिट पोल के अनुसार एक बार फेर से एनडीए (NDA) के सरकार बन सकऽता।

एग्जिट पोल के अनुमान के बाद आज शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल। वइसे शेयर मार्केट एक्सपर्ट लो उम्मीद जतवले रहे कि चुनावी नतीजन के बाद शेयर बाजार में तेजी देखे के मिली।

काम नइखे करत ऑनलाइन स्टॉक ट्रेडिंग प्लेटफॉर्म

स्टॉक मार्केट में आई तेजी के बावजूद कई गो निवेशक परेशान बाड़े। ऑनलाइन स्टॉक ट्रेडिंग प्लेटफॉर्म जीरोधा ( Zerodha) आ एंजल वन (Ange One) में कवनो टेक्निकल ग्लिच आवे के वजह से ट्रेडर्स ट्रेड नइखन कर पा रहल।सोशल मीडिया एक्स पs ट्रेडर्स एकरा के लेके शिकायत कर रहल बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-