बिजनेस डेस्क। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के ओर से बीतल दिन माने 3 सितंबर के देर रात वस्तु आ सेवा कर (जीएसटी) पs कइल गइल घोषणन से बियफे के बेंचमार्क शेयर बाजार सूचकांकन में जबरदस्त उछाल आइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 888.96 अंक उछलके 81,456.67 पs पहुंच गइल, जबकि निफ्टी 265.7 अंक बढ़के 24,980.75 पs आ गइल।
अइसही सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया 17 पईसा बढ़के 87.85 पs खुलल। जियोजित इंवेस्टमेंट्स लिमिटेड के मुख्य निवेश रणनीतिकार डॉ. वीके विजयकुमार कहलें कि ऐतिहासिक जीएसटी सुधार उम्मीद से बेहतर रहल बा। एकरा से कइयन क्षेत्रन के लाभ भइल बा।
सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल
एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर
Read Also:
Post Views: 2