[the_ad_group id="30365"]

Share Market : भारत-अमेरिका व्यापार वार्ता के सफल होखला के उम्मीद से बाजार गुलजार; सेंसेक्स आ निफ्टी में उछाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओर से भारत के संगे व्यापार वार्ता के सफल होखला से जुड़ल बयान देला के बाद बुध के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क इक्विटी सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी (Share Market) में उछाल आइल। आईटी शेयरन में तेजी बाजारन में आशावाद के बढ़वलस। 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स सुरुआती कारोबार में 442.59 अंक बढ़के 81,543.91 पs पहुंच गइल। अइसही 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 124.2 अंक बढ़के 24,992.80 पs आ गइल।

केकरा फायदा-केकर नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में एचसीएल टेक, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, टेक महिंद्रा, लार्सन एंड टुब्रो, इंफोसिस आ कोटक महिंद्रा बैंक सबसे जादे फायदा में दिखाई देलस। हालांकि, महिंद्रा एंड महिंद्रा, मारुति, टाटा मोटर्स आ सन फार्मा पिछड़त नजर आइल। बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) कइयन दिनन तक शेयर बेचला के बाद मंगर के खरीदारी कइल लोग। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, ऊ लोग 2,050.46 करोड़ रुपिया के शेयर किनल।

ट्रंप-मोदी के पोस्ट से उम्मीद बढल

एकरा पहिले भारत आ अमेरिका के बीच द्विपक्षीय संबंधन में आइल ठंडक के कम करे के संकेत देत राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कहलें कि उनका पूरा विश्वास बा कि दूनो देसन के बीच व्यापार वार्ता के कवनो सफल निष्कर्ष पs पहुंचे में कवनो मुश्किल ना आई। ऊ आवे वाला हफ्तन में आपन बहुत अच्छा दोस्त प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से बातचीत करे खातिर उत्सुक बाड़ें। एह पोस्ट पs प्रतिक्रिया देत प्रधानमंत्री मोदी बुध के ‘एक्स’ पs एगो पोस्ट में विश्वास व्यक्त कइलें कि चल रहल बातचीत उनका बीच साझेदारी के असीम संभावनन के उजागर करे के मार्ग प्रशस्त करी।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स और टॉप लूजर्स शेयर

एशियाई आ अमेरिकी बाजारन के हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी, जापान के निक्केई 225 सूचकांक, शंघाई के एसएसई कंपोजिट सूचकांक आ हांगकांग के हैंग सेंग सकारात्मक दायरा में कारोबार करत रहे। अमेरिकी बाजार मंगर के बढ़त के संगे बंद भइल रहे। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.87 प्रतिशत बढ़के 66.95 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

बीतल दिनन के हाल

एकरा पहिले बीतल दिन माने मंगर के 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 314.02 अंक भा 0.39 प्रतिशत चढ़के 81,101.32 पs बंद भइल रहे। निफ्टी 95.45 अंक भा 0.39 प्रतिशत बढ़के 24,868.60 पs पहुंच गइल, जवन लगातार पांचवां दिन के बढ़त के देखावत बा।

Read Also: IND vs UAE Playing-11: भारत-यूएई मैच आज; कुलदीप-वरुण आ संजू-जितेश में केकरा मिली मौका? दुबे-रिंकू में कशमकश

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]