Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Politics: राजद में लवटे के तइयार शहाबुद्दीन के परिवार, ओसामा आज लिहें पार्टी के सदस्यता

47

Bihar Politics: पूर्व सांसद आ राजद नेता रहल शहाबुद्दीन के परिवार एक बेर फेर राजद में सामिल होई। शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा शहाब 27 अक्टूबर के लालू प्रसाद यादव के पार्टी में सामिल होखे जा रहल बाड़ें। अतवार के पटना में ऊ राजद के दामन थमिहें। उनका संगे उनकर मां हिना शहाबो रहिहें। 2025 के बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले राजद खातिर ई एगो बड़ी घटना बा। ओसामा के राजद में सामिल होखला के बाद अब ई कहल जा रहल बा कि राजद उनका के 2025 में चुनाव मैदान में उतार सकत बिया। अब देखे के होई कि पार्टी में सामिल करवला के बाद ओसामा शहाब के केतना तवज्जो दिहल जात बा।

तेजस्वी यादव दिलइहें पार्टी के सदस्यता

अतवार के पटना में 10 सर्कुलर रोड इस्थित राबड़ी आवास में तेजस्वी यादव खुद ओसामा शहाब के पार्टी के सदस्यता दिलइहें। अतवार के सबेरे 10:45 बजे एगो प्रेस वार्ता के आयोजन कइल गइल बा। एकरा के तेजस्वी यादव संबोधित करिहें। बिहार में एह दिनन मुस्लिम वोट बैंक के लेके खूब सियासत हो रहल बा। चरचा बा कि मुस्लिम वोटर के एगो वर्ग तेजस्वी यादव से छटक रहल बा। अइसन में अब ओसामा शहाब के राष्ट्रीय जनता दल में सामिल होखल बतावत बा कि तेजस्वी यादव अपना कोर वोटर एमवाई समीकरण के छटके नइखन दिहल चाहत।

दुनो परिवार के बीच दिखत रहे दूरी

राजनीति में कब के करीब आ जाई केहू नइखे जानत। लालू प्रसाद यादव आ शहाबुद्दीन के बीच के जवन रिश्ता रहे, ऊ जगजाहिर हवे। हाल के समय में पारिवारिक आ राजनीतिक तौर पs दुनो परिवारन में बहुते दूरी हो गइल रहे। बागी तेवर अपना के दिवंगत नेता शहाबुद्दीन के पत्नी हिना शहाब 2024 के लोकसभा चुनाव में निर्दलीय चुनाव लड़ली।  हालांकि हार गइल रहली। अब खबर बा कि दुनो परिवारन के बीच जवन दूरी रहे ऊ कम हो चुकल बा। 2024 के लोकसभा चुनाव में दुनो परिवारन में बहुते तल्खी दिखल रहे। राजद के ओर से हिना शहाब के लोकसभा के टिकट दिहल जा सकत बा, बाकिर अइसन ना भइल। टिकट ना मिलल तs ऊ निर्दलीय मैदान में उतरे के फैसला लेले रहस।

996870cookie-checkBihar Politics: राजद में लवटे के तइयार शहाबुद्दीन के परिवार, ओसामा आज लिहें पार्टी के सदस्यता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.