Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आइजोल में भारी बरखा के कारन ढह गइल खदान, 10 के मउत

128

 

 

 

 

मिजोरम राजधानी आइजोल के बाहरी इलाका में भईल भारी बरखा के चलते खदान गिर गईल। एह हादसा में अबहीं ले 10 लोग के जान गँवा चुकल बा. पुलिसकर्मी बचाव के काम में लागल बाड़े। भारी बरखा के चलते नदी के स्तर भी बढ़ल बा। नदी के किनारे रहेवाला लोग के घर छोड़ के सुरक्षित जगह पs जाए के पड़ेला। राज्य के हालात के देखत मुख्यमंत्री लालडुहोमा बैठक बोलवले।

भारी बरखा के चलते कई इलाका में भूस्खलन भईल

आइजोल शहर के दक्षिणी बाहरी इलाका में मेल्थम आ ह्लिमेन के बीच सबेरे छह बजे के करीब ई घटना घटल बा. पुलिस महानिदेशक अनिल शुक्ला बतवले कि अबे ले मलबा से दस गो लाश निकालल गईल बा,जबकि अबे ले बहुत लोग एकरा नीचे दफन बाड़े। अधिकारी बतवले कि मरेवाला में सात लोग स्थानीय, जबकि तीन लोग दोसरा राज्य के बाड़े। उs आगे कहले कि, संभावना बा कि अबे ले 10 से जादे लोग मलबा के नीचे फंसल बाड़े।

भारी बरखा के चलते अलग-अलग इलाका में भूस्खलन के घटना के सूचना मिलल बा। हुनथर के राष्ट्रीय राजमार्ग-6 पs भूस्खलन के चलते आइजोल देश के बाकी हिस्सा से कट गईल। बारिश के चलते वर्तमान स्थिति के देखत सभ स्कूल बंद कs दिहल गईल बा।

सीएम लालडुहोमा एगो बइठक बोलवले

चक्रवात रेमल के असर में भईल भारी बरखा के चलते राज्य के अलग-अलग इलाका में भूस्खलन भईल, जवना में कम से कम दु लोग के मौत हो गईल। एगो अधिकारी बतवले कि आइजोल के सेलम वेंग में भूस्खलन के चलते एगो भवन गिर गईल, एs दुर्घटना में तीन लोग लापता हो गईले। फिलहाल उनुकर खोज जारी बा। भूस्खलन के चलते बहुत इंटरस्टेट हाईवे भी बाधित हो गईल। वर्तमान स्थिति के जायजा लेवे खातिर मुख्यमंत्री लालदुहोमा गृहमंत्री के. सपडंगा, मुख्य सचिव रेनू शर्मा अवुरी बाकी वरिष्ठ अधिकारी के संगे मुलाकात कईले।

 

 

845270cookie-checkआइजोल में भारी बरखा के कारन ढह गइल खदान, 10 के मउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.