[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री बाल वीरता पुरस्कार खातिर ऑनलाइन आवेदन सुरू : 31 जुलाई तक भरल जाई फॉर्म, 5 से 18 साल के लईका ले सकत बा लो भाग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री राष्ट्रीय बाल वीरता पुरस्कार 2024 खातिर ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। आवेदन करे खातिर इक्षुक लईका 31 जुलाई तक ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। ऑनलाइन आवेदन खातिर लईकन के portalaward.gov.in पs ऑनलाइन आवेदन कइल जा सकत बा।

एह योजना के लाभ 18 बरिस तक के लईका ले सकत बा लो। लईकन के उमिर के गाड़ना 31 जुलाई तक कइल जाई। 31 जुलाई तक लईकन के उमिर 18 बरिस भा ओकरा से कम होखे के चाहीं। बिहार शिक्षा परियोजना परिषद के प्रशासी पदाधिकारी डीपीओ सहित समग्र शिक्षा के डीपीओ के सब विद्यालय के मार्गदर्शिका पुस्तिका उपलब्ध करावे के निरदेस देले बाड़ें।

सभी लईकन के ऑनलाइन आवेदन करे खातिर प्रेरित करे के निरदेस दिहल गइल बा। आवेदन के विद्यालय के प्रधानाध्यापक, पंचायत आ जिला परिषद के अध्यक्ष, जिला अधिकारी भा इसी रैंक अधिकारी, पुलिस अधीक्षक से अनुशंसित करावे के होई।

ई लईका लोग कs सकत बा आवेदन

योजना के लाभ लेवे खातिर सब बोर्ड में पढ़े वाला लईका आवेदन कs सकत बा लो। पांच बरिस से लेके 18 बरिस तक के लईका आवेदन कs सकत बा लो। एमे से ओह छात्रन के चयन कइल जाई, जवन जोखिम के समय में वीरता के प्रदर्शन कइले होखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]