Share Market: एमपीसी के फैसलन के बाद आउर फिसलल शेयर बाजार ; सेंसेक्स 300 अंक टूटल, निफ्टी 24200 के नीचे पहुंचल

शेयर बाजार में लउकल उछाल

Share

भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) के ओर से ब्याज दरन के अपरिवर्तित रखे आ नरमी के रुख के वापस लेवे के फैसलन के बाद शेयर बाजार में कमजोरी दिखल। सबेरही से कमजोर सेंसेक्स आरबीआई गवर्नर के एलान के बाद लगभग 300 अंक गिर गइल, जबकि निफ्टी 24,200 के स्तर से नीचे चल गइल।

बियफे के बैंक, ऑटो आ रियल एस्टेट इंडेक्स गिरावट के संगे कारोबार करत दिखल। आरबीआई गवर्नर शक्तिकांत दास कहलें कि रेट सेटिंग पैनल 4:2 के बहुमत से नीतिगत ब्याज दरन के इस्थिर रखे के फैसला कइलस। दास कहलें, ‘हमनी के बाजार के उम्मीदन आ आरबीआई के नीतियन के बीच अच्छा तालमेल देख रहल बानी।

भारतीय रिजर्व बैंक के नीतिगत बैठक से पहिले ब्लूचिप इक्विटी इंडेक्स सेंसेक्स आ निफ्टी बियफे के गिरावट के संगे खुलल। एमपीसी के ओर से आजो मवजूदा ब्याज दरन के बनल रहे दिहल गइल बा। सबेरे 9:20 बजे बीएसई सेंसेक्स 320 अंक भा 0.40% के गिरावट के संगे 79,151 पs कारोबार करत रहे। निफ्टी 67 पॉइंट्स भा 0.28% फिसलके 24,230 पs कारोबार करत लउकल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-