Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में बढ़त के संगे कारोबार के सुरुआत, सेंसेक्स-निफ्टी 1% तक चढ़ल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

भारतीय बेंचमार्क इक्विटी इंडेक्स, सेंसेक्स आ निफ्टी, बुध के 1% से जादे के बढ़त के संगे खुलल। एह दौरान बैंकिंग आ आईटी शेयरन में मजबूती आइल। वैश्विक संकेतन के बाद बेयपारी अमेरिकी मंदी के आशंका

Share

शेयर बाजार में लउकल उछाल

भारतीय बेंचमार्क इक्विटी इंडेक्स, सेंसेक्स आ निफ्टी, बुध के 1% से जादे के बढ़त के संगे खुलल। एह दौरान बैंकिंग आ आईटी शेयरन में मजबूती आइल। वैश्विक संकेतन के बाद बेयपारी अमेरिकी मंदी के आशंका के पुनर्मूल्यांकन कइल लो।

बम्बई स्टॉक एक्सचेंज (बीएसई) के 30 शेयरन पs आधारित संवेदी सूचकांक सेंसेक्स सबेरे 9:20 बजे 740 अंकन के मजबूती के संगे 79,353.53 पs आ निफ्टियो एही समय 296.55 अंकन के बढ़त के संगे 24,289.50 पs कारोबार करत देखल गइल।

बीएसई में सूचीबद्ध सब कंपनियन के बाजार पूंजीकरण 4.53 लाख करोड़ रुपिया बढ़के 444.12 लाख करोड़ रुपिया हो गइल।

सेंसेक्स के शेयरन में इंफोसिस, एचडीएफसी बैंक, आईसीआईसीआई बैंक, महिंद्रा एंड महिंद्रा आ रिलायंस इंडस्ट्रीज के सूचकांक में मुख्य योगदान रहल। आईटीसी, टीसीएस, एलएंडटी, एक्सिस बैंक या एसबीआइयो तेजी के समर्थन देलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.