Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में बड़ गिरावट; खुलतही 550 अंक टूटल सेंसेक्स, निफ्टी 25000 के करीब पहुंचल 

784
Google Ads 300*250 for posts

वैश्विक बाजारन में गिरावट के बाद, बुध के भारतीय इक्विटी बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टियो फिसल गइल।

निवेशक अमेरिकी आर्थिक मंदी से जुड़ल नया चिंता आ फेडरल रिजर्व के ब्याज दर निर्णय के प्रभावित करे वाला महत्वपूर्ण आंकड़न से पहिले सतर्कता बरती, जवना के कारण सब क्षेत्रन में बिकवाली के दबाव दिखल।

हफ्ता तीसरा कारोबारी दिन सेंसेक्स 578.81 (0.70%) अंकन के गिरावट के संगे 82,013.32 के स्तर पs जबकि निफ्टी 170.95 (0.68%) अंक टूटके 25,108.90 के लेवल पs कारोबार करत दिखल। सुरुआती कारोबार में बीएसई पs लिस्टेड सब कंपनियन के बाजार पूंजीकरण 3.1 लाख करोड़ रुपिया घटके 462.4 लाख करोड़ रुपिया पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

सेंसेक्स के शेयरन में आईटी, फाइनेंशियल आ मेटल सेक्टर के शेयरन में सबसे जादे बिकवाली दिखल। एकरा कारण बाजार नीचे फिसल गइल। इंफोसिस, आईसीआईसीआई बैंक, एलएंडटी, टीसीएस, भारती एयरटेल आ एसबीआई के शेयरन में गिरावट से इंडेक्स के सबसे जादे नुकसान भइल। जेएसडब्ल्यू स्टील आ टाटा स्टील के शेयर एह दौरान टॉप लूजर्स रहल, एमे 1.5% तक के गिरावट दर्ज कइल गइल।

948660cookie-checkSensex Opening Bell: शेयर बाजार में बड़ गिरावट; खुलतही 550 अंक टूटल सेंसेक्स, निफ्टी 25000 के करीब पहुंचल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.