Sensex Opening Bell: नया ऊंचाइयन पs शेयर बाजार; सेंसेक्स 300 अंक चढ़ल, निफ्टी 25,250 के छूअलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार नया ऊंचाइयन पs पहुंच गइल। सुक के सेंसेक्स आ निफ्टी अपना नया ऑल टाइम हाई पs कारोबार करत दिखल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स जहां 300 अंकन तक

Share

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार नया ऊंचाइयन पs पहुंच गइल। सुक के सेंसेक्स आ निफ्टी अपना नया ऑल टाइम हाई पs कारोबार करत दिखल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स जहां 300 अंकन तक चढ़ गइल, ओहिजा निफ्टी पहिला बेर 25250 पs पहुंच गइल।

सबेरे 9 बजके 50 मिनट पs सेंसेक्स 289.19 (0.35%) अंकन के बढ़त के संगे 82,391.27 पs पहुंच गइल। दूसरका आ निफ्टी 86.90 (0.35%) अंक चढ़के 25,238.85 पs पहुंच गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.