बिजनेस डेस्क। हफ्ता के दूसरका कारोबारी दिन शेयर बाजार में भारी गिरावट देखे के मिलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 800 अंक से जादे गिर गइल, जबकि निफ्टी 22,800 के नीचे पहुंच गइल। सेंसेक्स 824.44 अंक टूट के 73,282.41 पs आ गइल, आ निफ्टी 248.95 अंक गिरके 22,719.30 पs पहुंच गइल।
सुरुआती ट्रेडिंग में इटरनल आ इंडिगो के शेयर करीब 2% तक गिरत नजर आइल। एही दौरान रुपियो कमजोर पड़ गइल आ अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 17 पईसा गिरके 93.07 पs पहुंच गइल।
एशियाई बाजार के हाल
मंगर के एशियाई शेयर बाजार में मिलल-जुलल रुख देखे के मिलल। निवेशक सतर्क नजर आइल लोग। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओर से ईरान के होर्मुज जलडमरूमध्य खोलला के चेतावनी के बाद तेल के दाम में लगातार तेजी बनल रहल।
जापान के निक्केई 225 इंडेक्स 0.2% गिरके 53,310.30 पs आ गइल। ऑस्ट्रेलिया के S&P/ASX 200 1.5% बढ़ के 8,706.90 पs पहुंच गइल। दक्षिण कोरिया के कोस्पी मामूली गिरावट के संगे 5,445.80 पs रहल, जबकि शंघाई कंपोजिट 0.4% बढ़ के 3,896.98 पs पहुंच गइल। हांगकांग में छुट्टी के चलते बाजार बंद रहल।
वॉल स्ट्रीट के हाल
अमेरिका के वॉल स्ट्रीट में हल्का तेजी देखे के मिलल। S&P 500 में 0.4% के बढ़त भइल, डाउ जोन्स 165 अंक चढ़ल आ नैस्डैक कंपोजिट 0.5% ऊपर रहल।
तेल के कीमत में उछाल
ऊर्जा बाजार में तेजी जारी रहल। अमेरिकी कच्चा तेल 2.37 डॉलर बढ़ के 114.78 डॉलर प्रति बैरल हो गइल, जबकि ब्रेंट क्रूड 1.40 डॉलर चढ़ के 111.17 डॉलर प्रति बैरल पहुंच गइल। ई दाम युद्ध से पहिले के करीब 70 डॉलर से बहुत जादे बा।








