सीवान। तरवारा थाना क्षेत्र में कांवरियन (Sawan 2025) से भरल पिकअप गाड़ी पलट गइल। हादसा में 30 से 35 लोग गंभीर रूप से घायल भइल बा। एमे सात लोगन के हालत बहुते नाजुक बनल बा। श्रद्धालु बाबाधाम देवघर में जल चढ़ाके यूपी लवटत रहे लो। एही दौरान तरवारा थाना क्षेत्र के लगे हादसा हो गइल। कांवड़ियन से भरल गाड़ी पलट गइल। घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।
जानकारी के अनुसार सावन के पवित्र महीना (Sawan 2025) के चलते श्रद्धालु बाबा धाम से जल चढ़ाके घरे वापस आवत रहे लो। सब लोग यूपी के देवरिया जिला के अलग-अलग गांव के रहे वाला हs। सभे बाबा धाम जल चढ़ावे वापस आवत रहे लो। वापस आवत घरी सीवान जिला के तर वारा थाना क्षेत्र के गंडक पुल के लगे पहुंचल तबे गाड़ी के स्टेरिंग फेल हो गइल, जवना के वजह से गाड़ी पलट गइल। हादसा में पिकअप पs सवार लगभग 30 से 35 सब लोग घायल हो गइल। केहू के हाथ टूटल केहू के माथा फटल। घायलन में सात लोगन के हालत बहुते नाजुक बनल बा।
आसपास के लोगन के मदद से सब घायलन के इलाज खातिर सीवान के सदर अस्पताल भर्ती करावल गइल बा। इहां कुछ लोगन के हालत नाजुक देखत पटना पीएमसीएच रेफर करे के तइयारी डॉक्टरन के ओर से चल रहल बा। ओहिजा, एगो आउर व्यक्ति गम्भीर रूप से घायल बा, जे बड़हरिया के रहे वाला बा। लोग बतावल कि उ पिकअप में दब गइल रहे। ओकरो हालत बहुते नाजुक बतावल जा रहल बा।