सेंट्रल डेस्क। डिजिटल मीडिया के दुनिया से सोमार के रात के एगो बड़ खबर सामने आइल बा। ‘इंडिया टुडे’ ग्रुप के चर्चित डिजिटल न्यूज पोर्टल ‘द लल्लनटॉप’ आ इंडिया टुडे (हिंदी) के एडिटर सौरभ द्विवेदी अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें। एह बदलाव के बाद लल्लनटॉप के संपादकीय जिम्मेदारी अब कुलदीप मिश्रा के सउपल गइल बा, जबकि रजत सेन प्रोडक्शन टीम के कमान संभरिहें।
एह बारे में ‘इंडिया टुडे’ ग्रुप के वाइस चेयरपर्सन कली पुरी जानकारी देत लिखले बाड़ी कि डिजिटल मीडिया में 12 साल तक सानदार पारी खेलला के बाद सौरभ द्विवेदी अब नया रास्ता चुन रहल बा। ऊ अलग-अलग क्षेत्र में नया मौका तलाशे खातिर आगे बढ़ रहल बाड़ें। कली पुरी बतवलें कि सौरभ aajtak.in से फीचर्स एडिटर के रूप में आपन सफर शुरू कइले रहलें आ बाद में कमलेश के संगे मिलके ‘द लल्लनटॉप’ के हिंदी भाषी इलाकन नवहन के सबसे भरोसेमंद आ पसंदीदा डिजिटल प्लेटफॉर्म बनवलें।
कली पुरी लिखली कि सौरभ के काम पs उनका गरब बा। ऊ हमेसा से चाहत रहलें कि आपन रचनात्मक ऊर्जा कुछ नया माध्यम में लगावस, जवन अभी इंडिया टुडे ग्रुप के दायरा में नइखे। कुलदीप मिश्रा आ रजत सेन, दुनो लल्लनटॉप के फाउंडिंग टीम के हिस्सा रहल बा लोग। कुलदीप अक्सर एलटी शो आ नेतानगरी जइसन कार्यक्रमन के एंकरिंग करत रहल बाड़ें, जबकि रजत लल्लनटॉप के प्रोडक्शन में कइयन गो बड़ बदलाव सफलतापूर्वक लागू कइले बाड़ें। कली पुरी मनली कि सौरभ के कमी जरूर खली, बाकिर एह नया बदलाव के लेके ऊ बहुते उत्साहित बाड़ी।
सौरभ द्विवेदी मूल रूप से उत्तर प्रदेश के उरई के रहे वाला हवें। कानपुर से ग्रेजुएशन कइला के बाद ऊ दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय से पढ़ाई कइलें आ ओहिजे बस गइलें। पत्रकारिता में उनकर सुरुआत साल 2007 में स्टार न्यूज से इंटर्नशिप से भइल। बाद में ऊ एस्ट्रो शो, ‘टाइम्स’ ग्रुप, ‘नवभारत टाइम्स’ आ ‘भास्कर’ ग्रुप में काम करत आखिरकार ‘इंडिया टुडे’ ग्रुप तक पहुंचलें। अब लमहर सफर तय कइला के बाद सौरभ द्विवेदी एह ग्रुप से विदा ले चुकल बाड़ें।






