आज भारत के स्टेट विजिट पs सऊदी क्राउन प्रिंस: राष्ट्रपति भवन में मिली सेरेमोनियल वेलकम; PM मोदी से एनर्जी, डिफेंस आ सिक्योरिटी पs होई बात

Anurag Ranjan

आज भारत के स्टेट विजिट पs सऊदी क्राउन प्रिंस: राष्ट्रपति भवन में मिली सेरेमोनियल वेलकम; PM मोदी से एनर्जी, डिफेंस आ सिक्योरिटी पs होई बात

G2O समिट खातिर नई दिल्ली आइल सऊदी अरब के क्राउन प्रिंस मोहम्मद बिन सलमान आज भारत के स्टेट विजिट पs रहिहें। एह दौरान उनका के राष्ट्रपति भवन में सेरेमोनियल वेलकम दिहल जाई। ई उनकर दूसरका स्टेट विजिट हs। एकरा पहिले क्राउन प्रिंस मोहम्मद बिन सलमान 2019 में भारत के स्टेट विजिट कइले रहस।

तब दुनो देस स्ट्रैटजिक पार्टनरशिप काउंसिल बनवले रहे। आज के बैठक में एही काउंसिल के कामन के लेके चरचा कइल जाई। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उनका से राजनीति, सिक्योरिटी, डिफेंस, ट्रेड आ अर्थव्यवस्था के मुद्दन पs चरचा करिहें। सऊदी क्राउन प्रिंस पीएम मोदी के साथ द्विपक्षीय बैठको करिहें।

एह दौरान दुनो देसन के बीच एनर्जी कॉपरेशन आ डिफेंस डील हो सकत बा। एही साल फरवरी में इंडियन एयरफोर्स के विमान पहिला बेर सऊदी अरब के धरती पs लैंड कइले रहे। दुनो देसन के बीच साल 2022-23 में 52.75 बिलियन डॉलर के बेयपार भइल । भारत सऊदी के दूसरका सबसे बड़ ट्रेड पार्टनर हs। सऊदी में 20 लाख से जादे भारतीय समुदाय के लोग रहेला। 1 लाख 75 हजार भारतीय हर साल हज खातिर सऊदी जाला लो।

भारत-सऊदी के रिश्तन में पाकिस्तान बड़ फैक्टर

2019 में जब सऊदी क्राउन प्रिंस मोहम्मद सलमान भारत के स्टेट विजिट पs अइलें तs ऊ पाकिस्तान होत आइल रहस। सऊदी भारत से नजदीकी बढ़ा रहल बा। हालांकि, ऊ पाकिस्तान के बहुत जादे खफा नइखे कs सकत। भारत G20 समिट के एगो बैठक कश्मीर में कइले रहे। एमे सऊदी अपना प्रतिनिधि के सामिल होखे से इनकार कs देले रहे। 1998 में जब पाकिस्तान परमाणु परीक्षण कइलस तs सऊदी अरब खुलके ओकर साथ देले रहे।

हालांकि,अब लगातार बदल रहल जियोपॉलिटिक्स में सब देसन के रिश्ता बदल रहल बा। सऊदी अरब अपना अर्थव्यवस्था के तेल पs निर्भरता के कम कइल चाहत बा। अइसन में ऊ ट्रेड के खातिर नया पार्टनर ढूंढ़ रहल बा। भारतो ओमे से एगो बा। सऊदी भलही कश्मीर में भइल G20 समिट में हिस्सा ना लेलस, बाकिर जब भारत सरकार कश्मीर दिहल विशेष राज्य के दरजा समाप्त कइलस तs पाकिस्तान के दबाव के बावजूद सऊदी भारत के आलोचना करे से इनकार कs देले रहे।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।