Sanju Samson Net Worth : संजू सैमसन के जनमदिन पs खास रिपोर्ट; नेटवर्थ से लेके सैलरी तक सब जानीं 

Share

नई दिल्ली। आज 11 नवंबर के दिन भारतीय क्रिकेट टीम के स्टार विकेटकीपर-बल्लेबाज संजू सैमसन के जनमदिन बा। संजू आज 30 साल के हो गइल बाड़ें। दुनियाभर से लोग उनका के जनमदिन पे बधाई दे रहल बा। संजू आपन आक्रामक बल्लेबाजी आ जबरदस्त विकेटकीपिंग खातिर जानल जालें। बाकिर, संजू के जवन मौका मिलल, ओतना ऊ इस्तेमाल ना कs पवले, काहे कि टीम में बाकी खिलाड़ी आपन दावा पेश करे खातिर तइयार रहल बा लोग।

कइयन बेर संजू के मौका मिलल, बाकिर ऊ बार-बार टीम से अंदर-बाहर होत रहल बाड़ें। कबो ओपनिंग तs कबो नंबर-3 पs उनका के खेलावल गइल। खुद संजू कहले रहलें कि ऊ खेल से प्यार करेलें, ऊ कवनो नंबर पs खेले के तइयार बाड़ें।

अब संजू आईपीएल 2026 खातिर चरचा में बाड़ें। खबर बा कि सीएसके टीम जडेजा आ संजू के बीच स्वैप डील पs विचार करत बिया। अब सवाल उठत बा कि आखिर संजू सैमसन के नेटवर्थ कितना बा?

संजू सैमसन के नेटवर्थ केतना बा?

Sanju Samson Net Worth 2025 के करीब 75 से 83 करोड़ रुपिया के बीच बा। ऊ भारतीय टीम के संगे BCCI कॉन्ट्रैक्ट के तहत हर साल 1 करोड़ रुपिया सैलरी लेवेलें। इंटरनेशनल मैच के मैच फीस अलग से मिलेला।

  • आईपीएल संजू के कमाई के सबसे बड़ जरिया बा।
  • साल 2012 में ऊ केकेआर से करियर सुरू कइले रहलें, तब उनका के 18 लाख में किनल गइल रहे।
  • 2013 में राजस्थान रॉयल्स उनका के 13 लाख में किनलस।
  • अगिला साल उनकर सैलरी 5 करोड़ हो गइल।
  • 2021 तक ऊ 8 करोड़ के कॉन्ट्रैक्ट में रहलें।
  • 2022 में राजस्थान उनका के 14 करोड़ में रिटेन कइलस।
  • 2025 में संजू के सैलरी 18 करोड़ रुपिया बा।

संजू सैमसन के आलीशान घर

संजू सैमसन के लगे केरल, बेंगलुरु, मुंबई, आ हैदराबाद में संपत्ति बा, जवना के कीमत करीब 4 करोड़ रुपिया बा।
केरल में ऊ अपना लग्जरी बंगला में परिवार के साथे रहेलें, जवना के कीमत करीब 6 करोड़ रुपिया बा।

ब्रांड एंडोर्समेंट से कमाई

संजू कइयन गो कंपनियन के संगे ब्रांड डील कइले बाड़ें- Walkmate, Unimoni India, Salpido, Gillette आ कइयन गो आउर ब्रांड से ऊ हर साल लाखन कमालें।

Read Also: Weather Report : भारत में समय से पहिले ठंडी के दस्तक, दिल्ली-राजस्थान में तापमान 10 डिग्री से नीचे; साउथ इंडिया में बरखा के अलर्ट

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-