Rohit-Virat : BCCI के सख्त रवैया से विजय हजारे ट्रॉफी खेले के तइयार रोहित-विराट; बढ़िया प्रदर्शन दिलाई भारतीय टीम में मौका

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। Rohit-Virat: पूर्व भारतीय कप्तान रोहित शर्मा आ विराट कोहली के बीसीसीआई साफ तौर पs कह देले बा कि जदि ऊ लोग भारत के लिए अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट खेलना जारी रखल चाहत बा लोग, तs

Share

Rohit Sharma and Virat Kohli ready to play Vijay Hazare Trophy after BCCI’s strict directive, aiming for strong performance to secure spot in Indian team.

स्पोर्ट्स डेस्क। Rohit-Virat: पूर्व भारतीय कप्तान रोहित शर्मा आ विराट कोहली के बीसीसीआई साफ तौर पs कह देले बा कि जदि ऊ लोग भारत के लिए अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट खेलना जारी रखल चाहत बा लोग, तs ऊ विजय हजारे ट्रॉफी (घरेलू वनडे टूर्नामेंट) में हिस्सा लेवे के होई।

Rohit-Virat खेलिहें Vijay Hazare Trophy

दरअसल, टी20 विश्व कप 2024 के बाद रोहित शर्मा आ विराट कोहली (Rohit-Virat) टी20 इंटरनेशनल से संन्यास ले लेले रहे लोग आ 2025 में दुनो खिलाड़ी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास के एलान कइल लोग। फिलहाल ऊ लोग खाली वनडे फॉर्मेट में सक्रिय बा लोग।

आखिरी बार दुनो अक्टूबर 2025 में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ वनजे सीरीज खेलले रहे लोग, जेमे भारत के 1-2 से हार के सामना करे के पड़ल। एह सीरीज में रोहित एगो अर्धशतक आ एगो नाबाद शतक लगवले रहस, जबकि किंग कोहली तीसरका वनडे में 50 रन से जादे रन बनवले रहस।

अब दुनो दिग्गजन के वनडे करियर के लेके लगातार सवाल खड़ा कइल जा रहल बा। वनडे विश्व कप 2027 में दुनो खेलत नजर आई लोग भा ना, ई तs वक्त बताई, बाकिर बीसीसीआई (BCCI) के सूत्रन के अनुसार, बोर्ड आ टीम मैनेजमेंट दुनो खिलाड़ियन के बता दिहल गइल बा कि दुगो फॉर्मेट से रिटायर होखला के बाद अब ओह लोगन के घरेलू क्रिकेट खेलके आपन फिटनेस आ मैच प्रैक्टिस बनाके रखे के होई।

पीटीआई के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, रोहित शर्मा मुंबई क्रिकेट एसोसिएशन (MCA) के विजय हजारे ट्रॉफी में खेले खातिर उपलब्धता के पुष्टि कs देले बाड़ें, जबकि कोहली के खेलला पs अभी कवनो स्पष्टता नइखे।

Read Also: Bihar Exit Poll Result 2025 : एग्जिट पोल से NDA गदगद, नीतीश बोललें- बिहार विकास पs फेर भरोसा जतवलस 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.