Sandhya Shantaram Death: दिग्गज अभिनेत्री संध्या शांताराम के देहांत से फिल्म जगत में मातम, 87 बरिस के उमिर में लेली अंतिम सांस

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। मशहूर अभिनेत्री संध्या शांताराम अब एह दुनिया में ना रहली। 87 बरिस के उमिर में उनकर निधन हो गइल। उनकर अंतिम संस्कार मुंबई के शिवाजी पार्क इस्थित वैकुंठ धाम में कइल गइल। उनकर मौत के कारण साफ नइखे भइल, बाकिर खबर बा कि ऊ उमिर से जुड़ल कइयन गो तकलीफ से जूझत रहली।

‘पिंजरा’ में आपन अभिनय से जीतले रहली सबकर दिल

संध्या शांताराम के पति मशहूर फिल्म निर्माता वी. शांताराम रहलें। संध्या उनकर प्रेरणा के संगे-संगेएगो बेहतरीन लीड एक्ट्रेस रहली। उनका के मराठी क्लासिक फिल्म ‘पिंजरा’ में कइल गइल अभिनय खातिर आजो याद कइल जाला। ‘दो आँखें बारह हाथ’ में उनकर सानदार अभिनय आ डांस के खूब सराहना भइल।

कइयन गो भाषा में चमकल संध्या के जलवा

आपन करियर में संध्या कइयन गो भाषा के फिल्मन में काम कइलीं। ‘नौरंग’ फिल्म के ‘आरे जा रे नटखट’ गाना में उनकर परफॉर्मेंस आजो लोगन के जुबान पर बा। ‘झनक झनक पायल बाजे’ में उनकर शास्त्रीय नृत्य कला के झलक देखे के मिलल, जवन उनका सांस्कृतिक गहराई के दरसावेला। संध्या शांताराम के हमेसा पारंपरिक आ आधुनिक सिनेमा के बीच पुल बनावे वाली अभिनेत्री मानल जाला।

शिवाजी पार्क में भइल अंतिम विदाई

मुंबई के शिवाजी पार्क श्मशान घाट पs उनकर अंतिम संस्कार भइल। परिवार के लोग, मित्र आ फैंस सब केहू उनकर अंतिम दर्शन खातिर जुटल रहे। भारतीय सिनेमा में संध्या शांताराम के योगदान अमर बा, उनकर फिल्म आ अभिनय हमेसा लोगन के दिल में जिन्दा रही।

Read Also: India Squad For Australia Tour : ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर टीम इंडिया के एलान, शुभमन गिल बनलें वनडे कप्तान, श्रेयस अय्यर उपकप्तान, सूर्या संभरिहें टी20 के कमान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-