Priya Marathe : मात्र 38 के उमिर में ‘पवित्र रिश्ता’ फेम एक्ट्रेस प्रिया मराठे के निधन, चलत रहे कैंसर के इलाज

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2025

मनोरंजन डेस्क। लोकप्रिय टीवी सीरियल ‘पवित्र रिश्ता’ फेम मराठी अभिनेत्री प्रिया मराठे (Priya Marathe) के निधन से मनोरंजन जगत में शोक के लहर छा गइल बा। रिपोर्ट के अनुसार एक्ट्रेस कैंसर नाम के दुर्लभ बीमारी

Share

मनोरंजन डेस्क। लोकप्रिय टीवी सीरियल ‘पवित्र रिश्ता’ फेम मराठी अभिनेत्री प्रिया मराठे (Priya Marathe) के निधन से मनोरंजन जगत में शोक के लहर छा गइल बा। रिपोर्ट के अनुसार एक्ट्रेस कैंसर नाम के दुर्लभ बीमारी से पीड़ित रही आ उनकर इलाज चलत रहे। अभिनेत्री मुंबई में मीरा रोड इस्थित घर पs अंतिम सांस लेली आ मात्र 38 के उमिर में एह दुनिया के अलविदा कह देली।

‘पवित्र रिश्ता’ दिलवलस पहचान

प्रिया मराठे (Priya Marathe) कइयन गो मराठी धारावाहिक आ फिलिमन में काम कइले रहली। एक्ट्रेस कुछ हिंदी टेलीविजन शोज कइले रहली, जेमे उ ‘पवित्र रिश्ता’ में आपन भूमिका से घर-घर में मशहूर हो गइल रहली। एक्ट्रेस एह सीरियल में अंकिता लोखंडे के बहिन के किरदार निभवले रहली, जवना में उनकर नाम वर्षा देशपांडे रहे।

Read Also: Rahul Dravid: एक साल बाद राहुल द्रविड़ छोड़लें राजस्थान रॉयल्स के साथ, मुख्य कोच पद से हटलें

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.