India Squad For Australia Tour : ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर टीम इंडिया के एलान, शुभमन गिल बनलें वनडे कप्तान, श्रेयस अय्यर उपकप्तान, सूर्या संभारिहें टी20 के कमान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 4, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क।  सीनियर मेंस चयन समिति ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर भारत के वनडे आ टी20 टीम के एलान कs देले बा। एह दौरा में भारत तीन वनडे आ पांच टी20 मैच खेले वाला बा। वनडे फॉर्मेट

Share

स्पोर्ट्स डेस्क।  सीनियर मेंस चयन समिति ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर भारत के वनडे आ टी20 टीम के एलान कs देले बा। एह दौरा में भारत तीन वनडे आ पांच टी20 मैच खेले वाला बा। वनडे फॉर्मेट में बड़ बदलाव करत, चयनकर्तन शुभमन गिल के नया कप्तान बनवले बा लोग। ओहिका श्रेयस अय्यर के उपकप्तान के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। टी20 टीम के कमान सूर्यकुमार यादव के हाथ में बनल रही।

शुभमन गिल बनलें वनडे के नया कप्तान

वनडे टीम में शुभमन गिल के कप्तान बनावल भारतीय क्रिकेट में एगो नया दौर के सुरुआत मानल जा रहल बा। गिल के ई मौका रोहित शर्मा के जगह पs मिलल बा। चयनकर्ता लोगन के माने बा कि युवा कप्तान के रूप में गिल भविष में भारत खातिर बड़ भूमिका निभा सकेलें।

श्रेयस अय्यर के वनडे टीम के उपकप्तान बनावल गइल बा। टीम में मोहम्मद सिराज, नितीश कुमार रेड्डी आ ध्रुव जुरेल के सामिल कइल गइल बा। विकेटकीपिंग के जिम्मेदारी केएल राहुल आ ध्रुव जुरेल निभाई लो।

हार्दिक पांड्या टीम से बाहर

सबसे बड़ चौंकावे वाला बात ई बा कि हार्दिक पांड्या ना तs वनडे टीम में बाड़ें आ ना टी20 में। ऊ एशिया कप के दौरान चोटिल हो गइल रहस आ अभी पूरा तरे फिट नइखन हो सकल। एह कारण चयनकर्ता, उनका के आराम करे के सलाह देले बा लो।

ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर भारत के वनडे टीम

कप्तान: शुभमन गिल

उपकप्तान: श्रेयस अय्यर

खिलाड़ी: रोहित शर्मा, विराट कोहली, अक्षर पटेल, केएल राहुल (विकेटकीपर), नितीश कुमार रेड्डी, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, हर्षित राणा, मोहम्मद सिराज, अर्शदीप सिंह, प्रसिद्ध कृष्णा, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), यशस्वी जायसवाल।

ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर भारत के T20I टीम

कप्तान: सूर्यकुमार यादव

उपकप्तान: शुभमन गिल

खिलाड़ी: अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, नितीश कुमार रेड्डी, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), वरुण चक्रवर्ती, जसप्रीत बुमराह, अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव, हर्षित राणा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), रिंकू सिंह, वाशिंगटन सुंदर।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.