सलमान खान के फेर मिलल धमकी भरल मैसेज, बीतल 22 दिन में 5वां बेर घटल इs घटना

Share

बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के धमकावे के क्रम रुकत नइखे. अब सलमान खान के फेर से धमकी मिल गइल बा. अबकी बेर मुंबई के ट्रैफिक कंट्रोल रूम में सलमान खातिर धमकी भरल मैसेज आईल। बियफ़ें के रात के करीब 12:00 बजे इs धमकी मिलल। धमकावे वाला संदेश में ‘सलमान खान आ लॉरेंस बिश्नोई’ पs एगो गीत लिखल गइल बा आ कहल गइल बा कि ओकरा के ना छोड़ल जाव.

एक महीना के भीतर गीतकार के हत्या हो जाई, गीतकार के हालत अयीसन हो जाई कि उs अपना नाम पs गीत ना लिख ​​पईहे। अगर सलमान में हिम्मत बा तs उनुका ओह लोग के बचावे के चाहीं. सलमान के पिछला 22 दिन में 5वीं बेर धमकी मिलल बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-