क्राइम पेट्रोल’ एक्टर के 35 साल में मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 8, 2024

    टीवी इंडस्ट्री से एगो बुरा आ दर्दनाक खबर सामने आइल बा. रियलिटी शो ‘दादागिरी 2’ जीते वाला अभिनेता नितिन चौहान के निधन हो गइल बा. टेलीविजन के मशहूर अभिनेता नितिन चौहान के बियफ़ें

Share

nitin chauhaan

 

 

टीवी इंडस्ट्री से एगो बुरा आ दर्दनाक खबर सामने आइल बा. रियलिटी शो ‘दादागिरी 2’ जीते वाला अभिनेता नितिन चौहान के निधन हो गइल बा. टेलीविजन के मशहूर अभिनेता नितिन चौहान के बियफ़ें के मुंबई में निधन हो गईल। अभिनेता 35 साल के उमिर में आखिरी सांस लिहलन. नितिन चौहान कई गो टीवी शो के हिस्सा रहले. ‘स्प्लिट्सविला 5′, ‘जिंदगी डॉट कॉम’, ‘क्राइम पेट्रोल’ आ ‘फ्रेंड्स’ जइसन टीवी शो से ऊ घरेलू नाम बन गइलन. एगो बहुते फिट आ सुन्दर देखाई देबे वाला अभिनेता के मउत से टीवी इंडस्ट्री चौंक गइल बा. लोग ई ना समझ पावत बा कि अचानक ई सब अभिनेता के साथे कइसे हो गइल.

आखिरी बेर एs शो में अइले नजर

नितिन चौहान यूपी के अलीगढ़ के निवासी रहले। उनकर परिवार आजुओ अलीगढ़ में रहेला. नितिन के आखिरी ऑन स्क्रीन फिलिम साल 2022 में भइल रहे जवन सब टीवी पs रोजाना आवत रहे. पहिले ‘तेरा यार हूं मैं’ में देखल जात रहले. ओह शो में उनुका के बहुते पसंद कइल गइल बाकिर तब से उनुका कवनो खास काम ना मिल पावल. शो के उनुकर सह कलाकार सुदीप साहिर आ सायंतनी घोष उनुका मउत के पुष्टि कs दिहले बाड़न. नितिन के सह अभिनेत्री विभूति ठाकुर भी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कs के उनुका निधन के जानकारी देले बाड़ी।

ई नितिन के आखिरी पोस्ट हs

बता दीं, नितिन चौहान सोशल मीडिया पs भी बहुत सक्रिय ना रहले। उs आखिरी बेर डेढ़ महीना पहिले इंस्टाग्राम पs पोस्ट कईले रहले। उs आपन एगो तस्वीर पोस्ट कईले रहले, जवना में उs जिम के गियर पहिनले अवुरी पानी पीयत देखाई देतारे। एकरा कैप्शन में उ लिखले बाड़े कि, ‘हमेशा अपना के हाइड्रेटेड राखी।’ एकरा अलावे उs बीच-बीच में आपन जिम के फोटो सोशल मीडिया पs पोस्ट करत रहले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.