नोएडा। सोमार के सबेरे सैलरी बढ़ावे के मांग करत कर्मचारियन के गुस्सा भड़क उठल। प्रदर्शनकारी सेक्टर-60, सेक्टर-62 सहित चार जगहन पs जोरदार हंगामा कइलस।
कर्मचारी लोग सड़क जाम कs के बइठ गइल आ देखते-देखते हालात बिगड़ गइल। प्रदर्शन के दौरान पत्थरबाजी सुरू हो गइल आ कइयन गो गाड़ियन में आग लगा दिहल गइल। एह बीच पुलिस के एगो जीप पलट के ओकरा में तोड़फोड़ कइल गइल।
नोएडा फेज-2 में प्रदर्शनकारी लोग गाड़ी आ संपत्ति के नुकसान पहुंचावल। इहवों जमके पत्थरबाजी भइल आ कइयन गो वाहनन में आग लगा दिहल गइल। हालात काबू में करे खातिर भारी पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल बा।
सेक्टर-62 पs जाम से लोग परेसान
सैलरी बढ़ावे के मांग तेज होखत जा रहल बा। कर्मचारी लोग सेक्टर-62 नोएडा पs सड़क जाम कs दिहल, जवना से आवागमन पूरा तरे से ठप हो गइल। ऑफिस जाये वाला लोगन के भारी दिक्कत के सामना करे के पड़ रहल बा।
पुलिस प्रशासन पहुंचल, समझावे के कोसिस जारी
हंगामा के खबर मिलतही पुलिस प्रशासन मवका पs पहुंच गइल। अधिकारी लोग प्रदर्शनकारी कर्मचारियन के समझावे के कोसिस करत बा लोग ताकि हालात शांत हो सके।
चार जगहन पs प्रदर्शन भइल
- फेज-2 में होजरी कॉम्प्लेक्स आ मदरसन फैक्ट्री के आसपास
- सेक्टर-60 मेट्रो स्टेशन के पास
- सेक्टर-62 गोल चक्कर
- सेक्टर-63 नोएडा के फैक्ट्री परिसर
अपर पुलिस आयुक्त राजीव नारायण मिश्र बतवलें कि पूरा गौतमबुद्धनगर में इंडस्ट्रियल इलाका में पर्याप्त पुलिस बल तैनात कइल गइल बा। इस्थिति पs लगातार नजर राखल जा रहल बा आ कर्मचारी लोगन से शांति बनावे के अपील कइल जा रहल बा।
ई कर्मचारी बहुत दिनन से सैलरी बढ़ावे के मांग करत रहल बा लोग। सोमार के ऑफिस टाइम में जाम लगला से आम लोगन के बहुते परेसानी झेले के पड़ रहल बा। पुलिस हालात के काबू में करे में जुटल बिया आ अफवाह से दूर रहे के अपील कइलस।
Read Also : Gujarat Accident : सुरेंद्रनगर में ट्रक से कुचल के 7 श्रद्धालुअन के मौत, कइयन गो लोग घायल









