स्पोर्ट्स डेस्क। पूर्व भारतीय बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर के माने के बा कि इफ्तिखार अली खान पटौदी आ उनकर बेटा मंसूर अली खान पटौदी के विरासत के खत्म नइखे कइल जा सकत। एहिसे ऊ पटौदी के विरासत के बरकरार रखे के मांग कइले बाड़ें। बता दीं कि, भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के आगाज 20 जून से होई। पहिला मुकाबला हेडिंग्ले में खेलल जाई।
तेंदुलकर-एंडरसन ट्रॉफी के नाम से जानल जाई भारत-इंग्लैंड टेस्ट सीरीज
भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल जाये वाला टेस्ट सीरीज के नाम तेंदुलकर-एंडरसन ट्रॉफी रखल जाई। एकरा पहिले दुनो टीमन के बीच खेलल जाये वाला ई सीरीज पदौटी ट्रॉफी के नाम से जानल जात रहे। इंग्लैंड आ भारत के बीच टेस्ट सीरीज पटौदी ट्रॉफी के नाम से खेलल जात रहे। एकर नाम इफ्तिखार अली खान पटौदी आ उनकर बेटा मंसूर अली खान पटौदी के नाम पs रखल गइल रहे। मार्च में ईसीबी पटौदी परिवार के लिखले रहे कि उ ट्रॉफी के रिटायर कइल चाहत बा लोग। हालांकि, अब पूर्व महान बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर मांग कइले बाड़ें कि पटौदी के विरासत के खत्म ना करे के चाहीं।
सचिन उठवलें पटौदी के विरासत के बरकरार रखे के मांग
क्रिकबज के एगो रिपोर्ट के अनुसार, सचिन तेंदुलकर के अनुरोध के बाद इंग्लैंड आ वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) के मन बदल गइल बा। सचिन के माने के बा कि पटौदी के विरासत के एह तरे खत्म नइखे कइल जा सकत। एकरा के बरकरार रखे खातिर उ बीसीसीआई आ ईसीबी के अधिकारियन से बात कइले बाड़ें।
To be very honest when i heard that icc gonna change the pataudi trophy name to Tendulkar-Anderson trophy i never really liked that.
— Alok Mishra (@thenameis_alok) June 15, 2025
This is who sachin is https://t.co/QdonLFf3zO
What a legend. Sachin Ramesh Tendulkar! 🫶 https://t.co/E5H9q4cEVt
— Paras Rishi (@parasrishi) June 15, 2025
There is a reason why Sachin Tendulkar is called the God of Cricket 🤌🏻.
— kuldeep singh (@kuldeep0745) June 15, 2025
No one can get as much respect as Sachin Sir 🙏#INDvENG #WTCFinal #AUSvSA #AUSvsSA #SAvsAUS #wtc2025final https://t.co/jgCTup9FKT pic.twitter.com/9xomCgsdn3
रिपोर्ट में आगे कहल गइल बा कि, ईसीबी अधिकारी एह निर्णय के पुष्टि कइले बाड़ें कि पटौदी के विरासत बरकरार रही। अधिकारी कहलें- ‘हs, इंग्लैंड-भारत सीरीज में पटौदी लिंक के बनाके रखे के एक पुष्ट योजना है।’ मानल जा रहल बा कि दिवंगत एमएके पटौदी के नाम पs एगो पदक के नाम रखल जा सकत बा, जे सीरीज जीते वाली टीम के कप्तान के दिहल जाई। ओहिजा, सचिन तेंदुलकर के एह फैसला से प्रशंसक बहुते खुस बा लोग। सोशल मीडिया पs उ एकर जमके सराहना कs रहल बा लोग।
तेंदुलकर-एंडरसन ट्रॉफी के लॉन्च में देरी
क्रिकबज की रिपोर्ट के अनुसार, तेंदुलकर-एंडरसन ट्रॉफी के लॉन्च 14 जून माने सनिचर के होखे के रहे। हालांकि, इंग्लैंड आ वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) आ भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आपसी सहमति के संगे एह कार्यक्रम के रद्द करे के फैसला लेलस। ट्रॉफी के अनावरण विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) 2023-25 के फाइनल के बाद होखे के रहे।