Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रूस फेसबुक वाला कंपनी ‘मेटा’ के ‘आतंकी आ चरंमपंथी’ गुटन के लिस्ट में कइलस शामिल

421
Google Ads 300*250 for posts

मॉस्को: यूक्रेन से जारी युद्ध आ अमेरिका सहित प पछिमी देशन के संगे तनातनी के बीच रूस ने बड़ डेग उठवले बा। इंटरफैक्स समाचार एजेंसी बतवलस कि रूस के वित्तीय निगरानी एजेंसी- रोसफिनमोनिटोरिंग (Rosfinmonitoring) अमेरिका के टेक दिग्गज कंपनी मेटा प्लेटफॉर्म्स इंक (META.O) के ‘आतंकवादियन आ चरमपंथियन’ के अपना सूची में शामिल क लेले बा। मेटा फेसबुक के पैरेंट कंपनी ह आ एकर स्वामित्व मार्क जकरबर्ग के लगे बा।

एही साल मार्च में रूस में ‘चरमपंथी गतिविधि’ के दोषी पावल गइला के बाद मॉस्को के एगो अदालत जून में ‘मेटा’ के एगो अपील के खारिज क देले रहे। अदालत में ओह समय मेटा के वकील कहले रहे कि मेटा चरमपंथी गतिविधि में शामिल ना रहे आ रूसोफोबिया के खिलाफ रहे।

मार्क जकरबर्ग के एह साल मई में 963 प्रमुख अमेरिकियन के ओह सूची में जोड़ल गइल रहे, जेकरा रूस में प्रवेश प प्रतिबंध लगा दिहल गइल रहे। एह लिस्ट में अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेनो शामिल रहस।

मेटा के आतंकी आ चरमपंथी गुट के लिस्ट में शामिल कइल गइला के ई कार्रवाई रूस के ओर से ओह समय कइल गइल बा जब एक दिन पहिलही ऊ यूक्रेन के राजधानी कीव समेत ओकर कइयन गो शहरन के मिसाइल हमलन के जरिये निशाना बनवलस। यूक्रेन के कइयन इलाकन में भारी बमबारी सोमार के कइल गइल रहे। एह दौरान रिहायशी इलाकन तक के ना बख्शल गइल। राजधानी कीव में हमलन में कम से कम छव लोगन के जान चल गइल आ सड़कन प जरल गाड़ियन आ हमला में बर्बाद भइल इमारतन के मलबा बिखरल नजर आइल। एकरा अलावे कइयन इलाकन में सबेरे भइल हमलन में कम से कम 10 लोगन के मौत भइल आ कइयन लोग घायल भइल।

रूसी सेना 24 फरवरी के पड़ोसी यूक्रेन प हमला शुरू कइले रहे। रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन कहलें कि यूक्रेन प सोमार के ताजा हमला मॉस्को नियंत्रित क्रीमिया प्रायद्वीप के एगो पुल प हमला समेत कीव के ‘आतंकवादी’ कार्रवाई के जवाब में कइल गइल। पुतिन चेतावनी देले कि यूक्रेन जदि रूस प ‘आतंकवादी हमला’ जारी रखत बा, त मॉस्को के प्रतिक्रिया सख्त होई।

एकरा एक दिन पहिलही पुतिन सनिचर के रूस के क्रीमिया के कब्जा वाला क्षेत्र से जोड़े वाला विशाल पुल प विस्फोट के यूक्रेनी विशेष सेवा द्वारा नियोजित आ अंजाम दिहल गइल एगो ‘आतंकवादी कृत्य’ कहले रहस।

352620cookie-checkरूस फेसबुक वाला कंपनी ‘मेटा’ के ‘आतंकी आ चरंमपंथी’ गुटन के लिस्ट में कइलस शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.