Plane Crash : रूस के क्रीमिया में बड़ हादसा, सेना के विमान क्रैश, 29 लोगन के मौत

Share

दिल्ली। रूस में एगो बड़ विमान हादसा के खबर सामने आइल बा। रूसी रक्षा मंत्रालय के हवाला से समाचार एजेंसी बतवले बिया कि रूस के एंटोनोव-26 सैन्य परिवहन विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। एह दर्दनाक हादसा में विमान में सवार सब 29 लोगन के मौत हो गइल बा।

रूसी रक्षा मंत्रालय के मुताबिक, ई हादसा मंगर, 31 मार्च के सांझ (मॉस्को समय अनुसार करीब 6 बजे) भइल। विमान आपन तय उड़ान पs रहे, बाकिर अचानक कंट्रोल रूम से संपर्क टूट गइल।

खोज आ बचाव टीम कड़ा मेहनत के बाद दुर्घटना स्थल के पता लगवलस। रिपोर्ट के अनुसार, विमान में छव चालक दल के सदस्य आ 23 यात्री सवार रहे लाेग आ सब केहू के मौत हो गइल। बचाव टीम के कवनो जिंदा आदमी ना मिलल।

सुरुआती जांच में ई बात सामने आइल बा कि विमान के मलबा पs बाहरी हमला के कवनो निशान नइखे मिलल। रक्षा मंत्रालय के सूत्र बता रहल बा लोग कि तकनीकी खराबी एह हादसा के मुख्य कारण हो सकेला। फिलहाल पूरा ममिला के जांच जारी बा।

Read Also: KVS Admission 2026 : बाल वाटिका आ कक्षा 1 में दाखिला खातिर आवेदन के आखिरी तारीख काल्ह, जल्दी करीं अप्लाई, एह दिन आई लिस्ट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-