Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली-पुणे विस्तारा एयरलाइंस के विमान में बम के खबर अफवाह, पुलिस मामिला के जांच में जुटल

दिल्ली हवाई अड्डा पs तब हड़कंप मच गइल जब एगो फोन पs दिल्ली से पुणे जाए वाला फ्लाइट में बम लागल बा। 

219

 

दिल्ली से पुणे जाए वाला विस्तारा एयरलाइंस के फ्लाइट में बम के खबर मिलला के बाद दिल्ली हवाई अड्डा पs हड़कंप मच गईल। जीएमआर कॉल सेंटर के उड़ान में बम के बारे में फोन आईल। एकरा तुरंत बाद यात्री के सुरक्षित विमान से उतार दिहल गईल। विमान के आइसोलेशन में ले जाके पूरा तलाशी लिहल गईल।

तलाशी के दौरान फ्लाइट में कवनो संदिग्ध चीज़ ना मिलल। एहसे पहिले भी कई बेर कॉल सेंटर में अयीसन फर्जी कॉल आ चुकल बा। पुलिस के मुताबिक फ्लाइट में कवनो संदिग्ध चीज़ ना मिलल। खोज अभियान खतम हो गइल बा। बम कॉल के हॉक्स कॉल घोषित कs दिहल गईल। दिल्ली पुलिस के फर्जी कॉल क के झूठा बम के जानकारी देवे के एफआईआर दर्ज कs के फोन करेवाला के पहचान करतिया।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.