Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऋषिकेश में गंगा के रौद्र रूप, राम झूला के तार टूटल, रोकल गईल पर्यटकन के आवाजाही

राम झूला आ लक्ष्मण झूला पुल दुनु कवनो पर्यटक के आकर्षण के केंद्र बनल बा जे ऋषिकेश में गंगा घूमे भा नहाए आवेला। लेकिन पुल पs आवाजाही रोकला के बाद अब इहाँ के लोग गंगा के पानी के स्तर कम होखे के इंतजार करतारे ताकि पुल के मरम्मत हो सके।

210

 

 

ऋषिकेश : पहाड़ी पs भारी बारिश के चलते गंगा नदी के ऊफ़ान पs बा।नदी के कटाव के चलते ऋषिकेश के राम झूला पुल के सहारा तार टूट गईल, जवना के बाद राम झूला पs गाड़ी के आवाजाही बंद हो गईल बा। ऋषिकेश के इ राम झूला इहाँ आवे वाला पर्यटक के आकर्षण के केंद्र बनल बा, लेकिन पुल पs आवाजाही रोकला के बाद इहाँ के लोग अब गंगा के पानी के स्तर में कमी के इंतजार करतारे ताकि पुल के मरम्मत हो सके।

राम झूला पुल पर्यटकन के आस्था के केंद्र 

राम झूला आ लक्ष्मण झूला पुल दुनु पर्यटक के आकर्षण के केंद्र बनल बा जे ऋषिकेश में गंगा घूमे भा नहाए आवेला। हर पर्यटक दुनो पुल के घूमे के चाहत बा, रात में पुल के सुंदरता अवुरी जादे देखे लायक बा, एहसे अधिकांश पर्यटक राम झूला पुल पs टहले जाले, लेकिन पुल के तार टुटला के चलते, पर्यटकन के एह घरी घूमे के इजाजत नइखे।रउरा मायूसी मिलल बा, अब कुछ दिन ले राम झूला पुल पs पर्यटक ना घूमे पइहें।

हिमाचल आपदा में मरे वालन के संख्या बढ़के 74 

साथही बता दीं कि हिमाचल प्रदेश में भइल तबाही के बाद अबहियो हालात बहुते खराब बा। पिछला चार दिन से चलत बचाव अभियान के बीच मरेवाला लोग के संख्या बढ़ रहल बा। अब ले बाढ़, बरखा अवुरी भूस्खलन के चलते 74 लोग जान गंवा चुकल बा। शिमला में जवना शिव मंदिर पs मुसीबत के पहाड़ टूटल रहे, ओहिजा अबहियों बचाव के काम चलत बा। इहाँ भारी बरखा के बाद पहाड़ में दरार पड़ता जवना के चलते लोग के पास के घर से बाहर निकले पs मजबूर बाड़े।

अब ले 10 हजार से अधिका घर के नुकसान

पूरा हिमाचल में करीब 10 हजार घर के नुकसान पहुंचल बा। कांगड़ा में भारी बरखा अवुरी बांध से पानी छोड़ला के बाद वायुसेना के बचाव खातीर बोलावे के पड़ल, एहसे बहुत इलाका में अबे ले रोड चालू नईखे । मुख्यमंत्री सुखविंदर सिंह सुक्खू कहले कि भारी मानसून के बरखा से क्षतिग्रस्त बुनियादी ढांचा के फेर से बनावे में एक साल लागी। सुक्खू कहले रहले कि पछिला महीना जुलाई अवुरी ए सप्ताह भईल भारी बरखा के चलते राज्य में 10 हजार करोड़ रुपया के नुकसान के अनुमान बा।

 

 

 

 

 

627150cookie-checkऋषिकेश में गंगा के रौद्र रूप, राम झूला के तार टूटल, रोकल गईल पर्यटकन के आवाजाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.