UP News : उमाशंकर सिंह आ उनका करीबियन के घर से 10 करोड़ कैश बरामद, ऑफिस आ दूसरा जगह पs IT कार्रवाई जारी

BSP MLA Umashankar Singh's house in Lucknow during Income Tax raid with cash seizure

Share

लखनऊ : राजधानी लखनऊ में बसपा के इकलौता विधायक उमाशंकर सिंह आ उनका करीबियन के घर पs बुध से जारी आयकर टीम के छापा बियफे के दिन खतम हो गइल। उनका घर से 10 करोड़ रुपिया नकद बरामद भइल बा। अभी उनका ऑफिस आ कुछ आउर जगहन पs कार्रवाई जारी बा। विपुलखंड इस्थित उनका आवास पs कार्रवाई पूरा हो गइल बा।

ई बा पूरा ममिला

बलिया के रसड़ा विधानसभा सीट से बसपा के इकलौता विधायक उमाशंकर सिंह के ठिकाना पs बुध के आयकर विभाग बड़ कार्रवाई कइलस। लखनऊ, बलिया, सोनभद्र, कौशांबी, मिर्जापुर आ प्रयागराज में 30 से जादे जगह एक संगे छापा मारल गइल। 50 से ऊपर अधिकारी लोग सबेरे 11 बजे से रात तक जांच में लागल रहे।

आयकर विभाग के तीन टीम गोमतीनगर में विपुलखंड इस्थित उमाशंकर सिंह के आवास, उनकर छात्रशक्ति कंस्ट्रक्शन कंपनी के ऑफिस आ वजीर हसन रोड पs करीबी ठेकेदार फैजी के जगह के छानबीन कइलस। सोनभद्र में साईं राम इंटरप्राइजेज कंपनी से जुड़ल खनन कारोबार के ठिकानन के खंगारल गइल। टीम सब ठिकाना पs सबेरे 11 बजे एक संगे पहुंचल रहे आ टैक्स चोरी आ बेनामी संपत्ति से जुड़ल अहम सुराग मिलल बा।

खनन घोटाला में नाम सामने

उमाशंकर सिंह छात्रशक्ति कंस्ट्रक्शन आ साईं राम इंटरप्राइजेज के माध्यम से सड़क आ खनन कार्य करत रहस। बीतल साल सीएजी (कैग) रिपोर्ट में कहल गइल कि सोनभद्र में अवैध खनन से करीब 60 करोड़ रुपिया के राजस्व नुकसान भइल। एही रिपोर्ट के बाद उमाशंकर सिंह आ उनका करीबियन के ठिकाना छानल गइल।

बराती बनके पहुंचल लोग अधिकारी

बलिया में विधायक के घर पs छापा आसान ना रहे, एही से टीम सरकारी गाड़ी के बदले बराती के अंदाज में पहुंचल। वाहनन पs बियाह वाला स्टीकर लगाके अधिकारी बिना शोर-शराबा के सीधे आवास पहुंच के कार्रवाई सुरू कइलस।

कइयन गो ब्यूरोक्रेट निशाना पs

आयकर छापा में सोनभद्र आ मिर्जापुर के अवैध खनन से जुड़ल दस्तावेज मिलल, जवना में कइयन गाे अधिकारी आ ओह लोगन के दिहल गइल रकम के जिकिर बा। विभाग के शक बा कि कइयन गो ब्यूरोक्रेट्स के काला धन खनन कारोबार में लगावल गइल बा।

Read Also: Naxal Surrender : कांकेर में उत्तरी बस्तर समिति के डीवीसीएम नक्सली सहित तीन के सरेंडर, कमजोर पड़ रहल बा माओवादी नेटवर्क

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-