Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में आजु रूट डायवर्सन : पीएम मोदी के कार्यक्रम खातिर जारी प्लान, जानीं रूट का होई आ कहाँ होई पार्किंग

1,005

 

 

 

गोरखपुर में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कार्यक्रम के लेके ट्रैफिक पुलिस शहर के ट्रैफिक सिस्टम में बदलाव कईले बिया। 7 जुलाई आजु खातिर ट्रैफिक डायवर्सन जारी कइल गइल बा। अयीसना में ए दौरान शहर के बहुत रूट पs यातायात बंद रही। हालांकि कई रूट पs बदलाव भईल बा।

एसपी ट्रैफिक श्याम देव बतवले कि, रूट के 5 भाग में संस्करण कईल गईल बा। एहमें बाहर से आवे वाला गाड़ियन के अलगा से इंतजाम कइल गइल बा। जबकि शहर के भीतर के प्रवेश गाड़ी खातिर अलग बा। एकरा अलावे वीआईपी, जनप्रतिनिधि, पुलिस अवुरी मीडिया खातीर अलग-अलग रास्ता तय कईल गईल बा। एकरा अलावे एम्बुलेंस खातीर अलग-अलग रूट के इंतजाम कईल बा। सबके समय भी तय हो गईल बा। जवन कि अईसन बा-

बाहर से आवे वाली गाड़ी के इहाँ खड़ा कईल जाई

– शहर के कवनो रूट से भारी गाड़ी के प्रवेश पs रोक लगा दिहल जाई।

– लखनऊ व वाराणसी से आ रहल निजी बस नौसढ़ तिराहा मे।

– सिद्धार्थनगर आ सोनौली से निजी बस बरगदवा मे।

-खजंची चौराहा के पास महाराजगंज से आ रही निजी बसें।

-मदन मोहन मालवीय इंजीनियरिंग कॉलेज के पास बिहार, कुशीनगर और देवरिया से आ रही निजी बस।

-जेल बाईपास रोड पर पिप्रैच रूट से आने वाली सभी निजी बस।

 

(नोट: सबेरे 11 बजे से प्रभावी होई।)

शहर में इहाँ से गाड़ी आई

– बिहार आ कुशीनगर से आवे वाली चार पहिया वाहन रामनगर करजहां से हाईवे से उतर के खोराबर बाईपास रोड होके अपना मंजिल के ओर जइहें।

– खोराबर देवरिया बाईपास से कुडा घाट के ओर गाड़ी के प्रवेश पs रोक लगाई। इ गाड़ी सिक्टौर, चिडियाघर के रास्ता से अपना गंतव्य के ओर जाई।

– असुरन से कालीमंदिर के ओर वाहन के स्थिति पs रोक लगा दिहल जाई। इ गाड़ी कौवाबाग रेलवे अंडरपास के रास्ता से अपना गंतव्य के ओर जाई।

– तमकुही तिराहा से कचहरी चौक के ओर के रूट बदल के एह गाड़ियन के अम्बेडकर चौक के ओर मोड़ दिहल जाई।

– शास्त्री चौक से गाड़ियन के रूट बदल के अम्बेडकर चौक होत अपना मंजिल पs चहुँप जइहें।

– अग्रसेन तिराहा से टाउनहॉल पेट्रोल पंप तिराहा के ओर गाड़ी केप्रवेश पs रोक लगा दिहल जाई। इ गाड़ी विजय चौक से सुमेर सागर होत अपना गंतव्य तक पहुंची।

– विजय चौराहा से गणेश चौराहा के ओर गाड़ी के प्रवेश पs रोक लगा दिहल जाई। इ गाड़ी सुमेर सागर अवुरी अलीनगर से जाई।

– घोष कंपनी चौक से गीता प्रेस मेन गेट आ लालदिग्गी मार्ग तक गाड़ी के प्रवेश पs रोक लगा दिहल जाई। ई गाड़ियन थाना कोतवाली आ नखास चौराहा से अपना मंजिल के ओर जइहें।

– नखास चौक से रेती चौक और घण्टाघर ले वाहन के प्रवेश पs रोक लगाई।

– लालदिग्गी बंधा मोड़ से लालडिमी चौराहा के ओर कवनो गाड़ी (अधिकारी के छोड़ के) ना चली। ई गाड़ी बंधा अपना मंजिल के ओर जइहें।

– साहबगंज मंडी तिरहा से लालडिग्गी चौक के ओर वाहन के प्रवेश पs रोक लगाई।

– गणेश टी कंपनी (साहबगंज मडी) के दोकान से राजस्थान अतिथी (गीता प्रेस) भवन के ओर जाए वाली सड़क पs हर प्रकार के गाड़ी के प्रवेश पs रोक लगावल जाई। (आमंत्रित लोग के वाहन के छोड़ के)

– लालदिग्गी बंधा मोड़ से नेहरू पार्क तिराहा के ओर कवनो व्यावसायिक भा दोसर निजी वाहन ना जाई।

– सहबगंज मंडी बंधा नोट : पेट्रोल पंप से साहबगंज मंडी के ओर कवनो व्यावसायिक भारी या हल्का वाहन के प्रवेश पs रोक लगा दिहल जाई।

(नोट: दुपहरिया 1:30 बजे से प्रभावी होई)

एह रूट से वीआईपी, जनप्रतिनिधि, पुलिस आ मीडिया के लोग जाई

– शहर या जिला के कवनो क्षेत्र से आवे वाला वीआईपी या जनप्रतिनिधि के गाड़ी हरबर्ट बंधा से प्रवेश क के मछली बड़ा पार्किंग में खड़ा होई।

– ज्योतिबा राव फुले छात्रावास बंधा के बगल में पुलिस के दुपहिया गाड़ी खड़ा होई।

-अंध विद्यालय कैम्पस में पुलिस चार पहिया पार्क

होई ।

– मीडिया के दुपहिया गाड़ी नेहरू पार्क के बाउंड्री के बगल में खड़ा होई।

– इंडियन ऑयल पेट्रोल पंप के लगे तटबंध के किनारे पुलिस, पीएसी अवुरी अर्धसैनिक बल के बड़ गाड़ी खड़ा रही।

-बाकी चार पहिया गाड़ी सरकारी आईटीआई कॉलेज परिसर (लालडिग्गी) में खड़ा होई।

इहाँ से गीता प्रेस खातिर जाई, बैक गेट से एंट्री मिली

– सूरजकुंड इलाका के गोरखनाथ तिवारीपुर से आवे वाला आमंत्रित लोग गीताजनली होटल मार्ग पs आपन गाड़ी खड़ा क के इलाहिबाग पम्पिंग सेट तिराहा से बान्हल पेट्रोल पंप से बाईं ओर मुड़ के गीता प्रेस के पीछे के गेट से प्रवेश करीहें।

-मोहद्दीपुर इलाका आ गोलघर इलाका से जाए वाला आमंत्रित लोग शास्त्री चौराहा, घोष कंपनी चौराहा, थाना कोतवाली, नखास चौक, खुनीपुर चौराहा से होके सहबगंज मंडी ले गीतांजली होटल रोड पs आपन गाड़ी खड़ा क के गीता प्रेस के पीछे के गेट से प्रवेश करीहें।

– तारमंडल इलाका, टीपी नगर, नौसड़ आ गीडा इलाका से आवे वाला आमंत्रित लोग इण्डियन आयल पेट्रोल टंकी से होत दाहिना मोड़ लेके साहबगंज बाजार पार क के गीता प्रेस नॉर्थ गेट से घुस के गीतांजलि होटल रोड पs आपन गाड़ी खड़ा करी।

एही रूट से एम्बुलेंस जाई

– बीआरडी मेडिकल कॉलेज, खजांची, असुरन, कालीमंदिर तिराहा से गोलधर तिराहा से दाहिने मुड़ के विजय चौराहा, अग्रसेन तिराहा, टाउनहॉल तिराहा, घोष कंपनी चौराहा जाके सदर अस्पताल में जाके एम्बुलेंस बीआरडी मेडिकल कॉलेज पहुंचे खातिर एही रास्ता के इस्तेमाल करी।

– बीआरडी मेडिकल कॉलेज से एम्स जाए वाला आ आवे वाली एम्बुलेंस मोहद्दीपुर होत अपना मंजिल पs चहुँप जइहें।

– नौसढ़ से आवे वाली आ बीआरडी मेडिकल कॉलेज जाए वाली एम्बुलेंस पैडलेगंज, मोहद्दीपुर कौवाबाग चौकी होत असुरन होके जाई।

-नौसढ़ साइड से जिला अस्पताल में आवे वाली एम्बुलेंस टीपी नगर बेतियाहता शास्त्री चौक के रास्ता से जिला अस्पताल में जाई।

– एम्बुलेंस के ट्रैफिक में कवनो समस्या के स्थिति में आप ट्रैफिक हेल्पलाइन नंबर – 8081208538 पs फोन क के मदद ले सकतानी।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.