शादी-विवाह समारोह अउर घूमे जाए खातिर कौनो केहू निजी बस के तरह रोडवेज के बस के भी बुकिंग करा सकी। एकरे खातिर आरएम अउर एआरएम में यात्रा से एक सप्ताह पहिले अर्जी डारे के होई।
आवेदक के गइले के जगह के अलावा, यात्रियन के नाम पता, बोर्डिंग स्थल, अइले के समय सहित कई जानकारी देवे के होई। परिवहन निगम के अनुसार, साधारण बस के बुकिंग 24 घंटा अउर 400 किलोमीटर तक के होई। एकरे खातिर आवेदक लोग के 24,081 रुपया चुकाने होंगे। सहायक क्षेत्रीय प्रबंधक, गोरखपुर डिपो महेश चंद्र बतवलें कि 400 किलोमीटर से अधिक दूरी होखला पर आवेदक के प्रति किमी 25 रुपया अतिरिक्त चुकावे के पड़ी।
गोरखपुर डिपो के सहायक क्षेत्रीय प्रबंधक महेश चंद्र बतवलें कि परिवहन निगम के बेड़ा में बस के कमी नइखे, लेकिन चालक के कमी जरूर बा। बुकिंग के साथही ओ बस के चालक का नामो तय कs दिहल जाई, ताकि बस बुक करावे वाला के कौनो दिक्कत न होखे।
उ बतवलें कि बुक कइले से पहिले बस के बुक करे वाला के दिखावल जाला। जौने बस के ऊ पसंद करेने, ओही के बुक कइल जाsला। उहे बस बुक कइल जाला जेमें कौनो खराबी न होखे।
प्राइवेट बस के किराया 30 से 40 हजार रुपया
लोग के कम किराया में बस के सुविधा मिल सके, एकरे खातिर परिवहन निगम 400 किलोमीटर तक ले 24,081 रुपया के किराया निर्धारित कइले बानें। जबकि एतनही दूरी खातिर प्राइवेट बस वाले 30 से 40 हजार रुपया किराया लेहले बानें।