टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ 30,000 रुपिया से कम दाम में बढ़िया फीचर वाला स्मार्टफोन किने के सोचत बानी, तs Redmi Note 14 Pro Plus रउआ खातिर बढ़िया ऑप्शन हो सकेला। 34,999 रुपिया MRP वाला ई फोन अभी फ्लिपकार्ट पs बहुते सस्ता मिल रहल बा। फ्लैट डिस्काउंट के संगे कुछ आउर ऑफरो मिल रहल बा।
एह फोन में 6.67 इंच के 1.5K OLED डिस्प्ले बा, जवन 120Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट करे ला। मजबूती के ममिलो में ई फोन दमदार बा, काहे कि एकरा में IP66, IP68 आ IP69 डस्ट आ वाटर रेजिस्टेंस रेटिंग मिलेला।
फ्लिपकार्ट पs का बा डील?
Redmi Note 14 Pro Plus के 8GB RAM + 128GB स्टोरेज वेरिएंट अभी फ्लिपकार्ट पs 34,999 के जगह 25,479 रुपिया में मिल रहल बा। मतलब सीधा 9,520 रुपिया के फ्लैट डिस्काउंट।
एकरा अलावे जदि रउआ फ्लिपकार्ट एक्सिस बैंक क्रेडिट कार्ड भा SBI क्रेडिट कार्ड से पेमेंट करब, तs 1,274 रुपिया तक के आउर छूट मिल सकेला।
EMI में किने वाला लोग खातिर 896 रुपिया महीना से किस्त सुरू बा। संगही एलिजिबल पुरान स्मार्टफोन पs 23,750 रुपिया तक के एक्सचेंज ऑफरो मिल रहल बा, जवन फोन के हालत आ मॉडल पs निर्भर करी।
फोन के खास फीचर
एह स्मार्टफोन में Snapdragon 7s Gen 3 प्रोसेसर मिलेला। RAM 12GB तक आ स्टोरेज 512GB तक के ऑप्शन बा। 6.67 इंच के 1.5K OLED डिस्प्ले में 120Hz रिफ्रेश रेट आ 3,000 निट्स के पीक ब्राइटनेस मिलेला। फोन Gorilla Glass Victus 2 से सुरक्षित बा।
बैटरी के बात करीं तs 6,200mAh के दमदार बैटरी मिलेला, जवन 90W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करेला।
कैमरा सेटअप
फोटोग्राफी खातिर फोन में 50MP के प्राइमरी कैमरा, 50MP के टेलीफोटो कैमरा आ 8MP के सेकेंडरी कैमरा बा। सेल्फी खातिर 20MP के फ्रंट कैमरा मिलेला।
Read Also: CRPF Bus Accident : श्रीनगर में बड़ हादसा, CRPF के बस नहर में गिरल, सात जवान घायल







