Ambani at AI Impact Summit : मुकेश अंबानी के बड़ एलान, कहलें- अगिला सात साल में 10 लाख करोड़ के निवेश करिहें

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2026

नई दिल्ली। एआई इंपैक्ट समिट में भारत के अरबपति उद्योगपति मुकेश अंबानी बड़ एलान कइलें। ऊ कहलें कि एआई के सबसे अच्छा दौर आइल अभी बाकी बा। ऊ कहलें, एआई कइयन गो क्षेत्रन में नया

Share

नई दिल्ली। एआई इंपैक्ट समिट में भारत के अरबपति उद्योगपति मुकेश अंबानी बड़ एलान कइलें। ऊ कहलें कि एआई के सबसे अच्छा दौर आइल अभी बाकी बा। ऊ कहलें, एआई कइयन गो क्षेत्रन में नया दौर के सुरुआत कs सकत बा। ऊ कहलें, दुनिया एह बात पs बहस कs रहल बिया कि का एआई के कारण ताकत कुछ लोगन के हाथन में सिमट जाई भा एआई सब खातिर मवका आ सबका खातिर आसान अवसर के माध्यम बनी।

अगिला सात बरियन में 10 लाख करोड़ के निवेश

ऊ मवजूदा दौर में कृत्रिम बुद्धिमता के असर के रेखांकित करत कहलें, आज एआई के लेके दुनिया दोराहा पs खड़ा बिया। एगो रास्ता कम, महंगा एआई आ कंट्रोल्ड डाटा के तरफ ले जाला, दूसरका सस्ता, आसानी से मिले वाला एआई के सुविधा सुनिश्चित कइल बा। मुकेश अंबानी अपना घराना के प्रतिबद्धता साझा करत कहलें, जवना तरे कंपनी मोबाइल डाटा के कॉस्ट कम कइले बिया, उनकर ग्रुप एआई के कॉस्टो कम करी। ऊ कहनें कि जियो आ रिलायंस इंडिया लिमिटेड (RIL) एह साल से सुरूआत कs के अगिला 7 बरिसन में 10 लाख करोड़ रुपिया के निवेश करी।

Read Also: Vivo V70 सीरीज आज भारत में लॉन्च, स्नैपड्रैगन 8s जेन 3, 6500mAh बैटरी आ पातर बेजेल्स जइसन दमदार फीचर्स

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.