6GB रैम वाला सस्ता रियलमी फोन, ₹2000 के छूट, 50MP कैमरा 

Share

रियलमी अभी एक दिन पहिले भारत में अपना बजट फ्रेंडली स्मार्टफोन रियलमी सी35 के 6 जीबी के वेरिएंट लॉन्च कईले बिया। एह वेरिएंट के बिक्री आजु (8 जुलाई) के होखे वाला बा। एकरा के दुपहरिया 12 बजे खरीदल जा सकेला। ग्राहक एह फोन के 2000 रुपिया सस्ता में खरीद सकतारे। खास बात ई बा कि एह छूट खातिर कवनो बैंक ऑफर के जरूरत नइखे। आईं आउर जानकारी जानल जाव…

रियलमी सी35 6जीबी के कीमत 

रियलिटी सी35 के नाया वेरिएंट में 6 जीबी रैम के संगे 128 जीबी स्टोरेज दिहल गईल बा। कंपनी एकर दाम 15 हजार 999 रुपिया पर रखले बिया। हालांकि, फ्लिपकार्ट आ आधिकारिक वेबसाइट पs ई फोन 13,999 रुपया में बिकाता। एकरा अलावे कंपनी पहिलही से 4GB + 64GB अवरू 4GB + 128GB के दुगो वेरिएंट बेचतिया। जवना के कीमत 11,999 आ 12,999 रुपिया बा।

रियलमी सी35 के फीचर

रियलमी सी35 में 6.6 इंच के डिस्प्ले (एलसीडी) बा। डिस्प्ले के रिजॉल्यूशन 2408 x 1080 पिक्सेल बा आ टच सैंपलिंग रेट 180Hz तक बा। एकरा में सेल्फी कैमरा खातिर वाटर ड्रॉप नॉच बा। एकरा में यूनिसोक टी616 प्रोसेसर बा, जवना में 6 जीबी तक रैम आ 128 जीबी तक के स्टोरेज बा। ई एंड्रॉयड 12 आधारित रियलमी यूआई 2.0 प काम करेला।

डिवाइस में ट्रिपल कैमरा सेटअप बा, जवना में 50MP के प्राइमरी सेंसर, 2MP के मैक्रो शूटर अवरू 2MP के मोनोक्रोम सेंसर बा। एकरा में 8MP के सेल्फी सेंसर दिहल गईल बा। एकरा में 18W के फास्ट चार्जिंग के संगे 5,000mAh के भारी बैटरी दिहल गईल बा। फोन में यूएसबी टाइप-सी पोर्ट, माइक्रोएसडी कार्ड स्लॉट आ 3.5 मिमी हेडफोन जैक दिहल गईल बा। स्मार्टफोन में दुगो रंग के विकल्प दिहल गईल बा – ग्लोइंग ब्लैक आ ग्लोइंग ग्रीन।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-