RCB vs KKR: आज से फेर शुरू हो रहल बा IPL, कब, कहां आ केतना बजे से खेलल जाई मुकाबला

Share

भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव आ सैन्य मुठभेड़ के चलते टार दिहल गइल इंडियन प्रीमियर लीग 2025 अब फेर से पटरी पs आवे खातिर तइयार हो गइल बा. रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु आ कोलकाता नाइट राइडर्स के मुकाबला शनिचर भा 17 मई के होखी. एह मैच में सबसे खास बात भारतीय कप्तान रहल विराट कोहली के वापसी होखी जे हालही में टेस्ट क्रिकेट से अलविदा कहले रहले. एक बेर फेरु प्रशंसकन के नजर उनुका प्रदर्शन पs टिकल रही.

करीब दस दिन के अंतर के बाद दुनु टीम एह टूर्नामेंट में आपन पूरा ताकत डालल चाहत बाड़ी सँ. आरसीबी अबले 11 गो मैच में 16 अंक बना चुकल बा आ अंक तालिका में दुसरका जगहा पs बा. एह मैच में जीत मिलला से ओह लोग के प्लेऑफ में जगहा लगभग गारंटी मिल जाई. साथे-साथे डिफेंडिंग चैंपियन केकेआर खातिर ई मैच करऽ भा मर जइसन बा. बारह गो मैच में 11 अंक बटोर चुकल ई टीम एह घरी छठवाँ जगहा पs बिया आ एगो अउरी हार से प्लेऑफ के उमेद खतम हो सकेला. अब ई देखल दिलचस्प होखी कि आजु कवन टीम जीतत बिया. आईं कब आ कहाँ मैच खेलल जाई जानीं जा।

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच कब आ कहां खेलल जाई?

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स के मैच 17 मई के बेंगलुरु के एम.चिन्नास्वामी स्टेडियम में होखी. 

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच केतनना बजे शुरू होगा?
रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच 7:30 बजे शुरू होई।

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच में टॉस कब होई?
रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच में टॉस शाम 7:00 बजे होई।

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच कवने टीवी चैनल पs आई?
रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम कोलकाता नाइट राइडर्स मैच के सीधा प्रसारण स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क (स्टार स्पोर्ट्स 1 एचडी/एसडी) पs होइ। लाइव स्ट्रीमिंग जियो हॉटस्टार ऐप आ वेबसाइट पस उपलब्ध होई।

दुनू टीमन के स्क्वॉड

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु: फिल साल्ट, विराट कोहली, रजत पाटीदार (कप्तान), मयंक अग्रवाल, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), टिम डेविड, क्रुणाल पंड्या, रोमारियो शेफर्ड, भुवनेश्वर कुमार, सुयश शर्मा, जोश हेजलवुड, यश दयाल, रसिख दार सलाम, मनोज भंडागे, जैकब बेथेल, स्वप्निल सिंह, लियाम लिविंगस्टोन, नुवान तुषारा, लुंगी एनगिडी, मोहित राठी, स्वास्तिक चिकारा, अभिनंदन सिंह।

कोलकाता नाइट राइडर्स: अजिंक्य रहाणे (कप्तान), मनीष पांडे, अंगकृष रघुवंशी, रिंकू सिंह, लवनिथ सिसोदिया, क्विंटन डिकॉक, रहमानुल्लाह गुरबाज, सुनील नारायण, आंद्रे रसेल, रमनदीप सिंह, अनुकूल रॉय, वेंकटेश अय्यर, वरुण चक्रवर्ती, हर्षित राणा, वैभव अरोड़ा, मयंक मारकंडे, उमरान मलिक, एनरिक नॉर्किया, स्पेंसर जॉनसन।

इहो पढ़ीं : पानी रोकले के जुर्रत ना करे भारत, नाहीं तs…’, बिलावल के बाद अब पीएम शहबाज दिहलस खुलल चुनौती

TAGS:, ,

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-