[the_ad_group id="30365"]

पानी रोकले के जुर्रत ना करे भारत, नाहीं तs…’, बिलावल के बाद अब पीएम शहबाज दिहलस खुलल चुनौती

पाकिस्तान के पीएम शहबाज शरीफ
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत के ओर से ओकरा पs भईल पानी पs हमला के चलते पाकिस्तान दहशत के स्थिति में बा। पहिले से हर अनाज के जरुरत राखे वाला पाकिस्तान के अब प्यास से मरला के डर बा. पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शाहबाज शरीफ भारत के धमकी देके कहले बाड़े कि भारत के पाकिस्तान के पानी रोके के हिम्मत ना करे के चाही, जदी भारत पानी रोक दिही तs पाकिस्तान के सेना उचित जवाब दिही। प्रधानमंत्री शाहबाज शरीफ कहले कि, पाकिस्तान के पानी के कम करे चाहे मोड़ देवे के कवनो कोशिश के पूरा ताकत से जवाब दिहल जाई।

हम अपना सेना के संगे बानी-कहले शाहबाज

पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत के ओर से सिंधु जल संधि के खतम करे के घोषणा एगो बड़ फैसला बा, जवना के चलते पाकिस्तान भड़क गईल बा। पीएम शाहबाज शरीफ कहले कि एs मामला में केहु से कवनो गलती ना करे के चाही। पाकिस्तान 24 करोड़ लोग के देश हs आ हमनी के अपना बहादुर सशस्त्र बल के पीछे खड़ा बानी जा…ई संदेश सभका खातिर जोरदार आ साफ होखे के चाहीं। शांति हमनी के प्राथमिकता बा। हमनी के अपना ईमानदारी आ सुरक्षा से कबो समझौता ना करब जा.

अब या तs सिंधु नदी में पानी जाई आ उनकर खून – बिलावल भुट्टो

एकरा से पहिले सखर में सिंधु नदी के किनारे जनसभा के संबोधित करत पाकिस्तानी नेता बिलावल भुट्टो कहले कि या तs सिंधु नदी में अब पानी जाई, ना तs ओ लोग के खून बही.  सिंधु नदी हमनी के हs आ हमनी के रही। सिंधु नदी के लगे खड़ा होके हम साफ-साफ कहे के चाहत बानी कि सिंधु नदी हमनी के रहे, हमनी के हs अवुरी हमनी के रही। या तs हमनी के पानी एह नदी से बह जाई, भा हमनी के हिस्सा छीने के चाहत के खून।”

दुश्मन के नजर हमनी के पानी पs बा

सिंधु नदी के पूरा पाकिस्तान के साझा धरोहर बतावत बिलावल कहले कि हमनी के हर पाकिस्तानी सिंधु के संदेश लेके दुनिया के बता दी कि हमनी के नदी के लूट के बात ना मानब। अब दुश्मन के नजर हमनी के पानी पs बा अवुरी पूरा देश के एक संगे एकर जवाब देवे के होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]