रायल चैलेंजर्स बैंगलोर के टीम अगले बरिस विराट कोहली के बना सकत बा कप्तान

Share

इंडियन प्रीमियर लीग की सबसे पापुलर टीम में से एक रायल चैलेंजर्स बैगलोर एह सीजन नया कप्तान फाफ डु प्लेसिस के साथ उतरी। लमहर समय ले टीम के कप्तानी करत ट्राफी हासिल कइले में नाकाम रहे के बाद विराट कोहली पिछले सीजन में पद से इस्तीफा दे देहले रहनें। अब खबर बा कि उनके एगो ब्रेक के बाद दुबारा से टीम के कप्तान बनावल जा सकत बा।

भारतीय टीम के अनुभवी स्पिनर रविचंद्रन अश्विन कहने, “अब फाफ अपने आइपीएल के अंत के ओर बढ़ रहल बाने। ढेर से ढेर उनके अंदर दू चाहे तीन साल आइपीएल के देवे खातिर रही। आरसीबी के टीम उनके आपन कप्तान बनवले बा जौन एगो बहुते निम्मन फैसला बा। ऊ टीम में आपन ढेर सारा अनुभव ले के आवेने, बल्कि ऊ खुदही एह बात के कहले बाने कि उनके अंदर लोग एमएस धौनी के कप्तानी वाला बात देख सकेने।”

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-