RBI MPC Announcements : रेपो रेट 5.5% पs इस्थिर, लोन EMI जस के तस रही

RBI

Share

नई दिल्ली। भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) के मौद्रिक नीति समिति (MPC) सर्वसम्मति से रेपो रेट के 5.5 प्रतिशत पs बरकरार रखले बा। आरबीआई गवर्नर संजय मल्होत्रा बुध के तीन दिन चलल बैठक के बाद एह फैसला (RBI MPC Announcement) के जानकारी देलें। गवर्नर कहलें कि अनुकूल मानसून, कम मुद्रास्फीति आ मौद्रिक नरमी से आर्थिक बढ़न्ती के संभावना मजबूत बा।

आरबीआई गवर्नर के बयान

  • जीएसटी में सुधार से महंगाई पs असर पड़ी आ उपभोग आउर विकास के बढ़ावा मिली।
  • MPC नीतिगत दर 5.5% पs इस्थिर रखले बा।
  • मौद्रिक नीति के रुख ‘तटस्थ’ बनल बा।

टैरिफ के असर आ विकास दर

गवर्नर के अनुसार, वित्त बरिस के दूसरका तिमाही में घरेलू आर्थिक गतिविधि मजबूत बनल रही। बाकिर टैरिफ संबंधी घटनाक्रम से विकास दर में कमी आ सकेला। जीएसटी आ आउर सुधार आर्थिक विकास पs बाहरी प्रभाव के कम करी। मजबूत रेमिटेंस के कारण चालू खाता घाटा टिकाऊ बनल रहे के उम्मेद बा।

नीतिगत दर में कटौती के इतिहास

  • फरवरी 2025 से RBI नीतिगत दरन में 100 आधार अंक कटौती कs चुकल बा।
  • जून में रेपो दर 50 आधार अंक कटौती के बाद 5.5% भइल।
  • खुदरा मुद्रास्फीति (CPI) फरवरी से 4% के नीचे बा। अगस्त में ई 2.07% पर आ गइल, जवन छव साल के निचला स्तर पs बा।

Read Also: Road Accident : मुजफ्फरनगर में बड़ हादसा, खड़ा ट्रक में घुसल कार; करनाल परिवार के छव लोगन के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-