Road Accident : मुजफ्फरनगर में बड़ हादसा, खड़ा ट्रक में घुसल कार; करनाल परिवार के छव लोगन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 1, 2025

मुजफ्फरनगर। उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर में सड़क पs एगो बड़ हादसा भइल बा। हादसा में हरियाणा के करनाल जिला के एके परिवार के छव लोगन के मौत हो गइल, जबकि एगो गंभीर रूप से घायल

Share

मुजफ्फरनगर। उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर में सड़क पs एगो बड़ हादसा भइल बा। हादसा में हरियाणा के करनाल जिला के एके परिवार के छव लोगन के मौत हो गइल, जबकि एगो गंभीर रूप से घायल बा। घायल के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। पुलिस शव के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देले बिया।

हादसा के जानकारी

मुजफ्फरनगर के तितावी इलाका, पानीपत-खटीमा मार्ग पs ढाबा पs खड़ा ट्रक में कार पीछे से घुस गइल। हादसा में एके परिवार के छव लोगन के जान गइल। ई परिवार अस्थियन के लेके हरिद्वार जात रहे।

मुजफ्फरनगर के पानीपत-खटीमा हाईवे, बघरा बाईपास पs ई हादसा भइल। घटना के बाद मौका पs चीख-पुकार मच गइल। पुलिस तुरंत मौका पs पहुंच गइल।

परिवार के इस्थिति

परिवार के परिजन बतावल लोग कि कुछ दिन पहिले फरीदपुर के महेंद्र के मौत भइल रहे। बुध के दिन उनकर अस्थियान के लेके बेटा पीयूष आ परिवार के आउर सदस्य मोहिनी, अंजू, विक्की, राजेंद्र, हार्दिक आ शिवा हरिद्वार जात रहे लाेग।

Read Also: Mallikarjun Kharge : कांग्रेस अध्यक्ष के तबीयत बिगड़ल, बंगलूरू के अस्पताल में भर्ती

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.