अश्विन लिहले संन्यास, भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया सीरीज के बीच टीम इंडिया के बड़ झटका

अश्विन लिहले संन्यास

Share

एह घरी भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच सीरीज खेलल जा रहल बा. तिसरका मैच पूरा हो चुकल बा आ अबहीं एह सीरीज में दू गो मैच बाकी बा. एही बीच एगो बड़ आ महत्वपूर्ण खबर सामने आ रहल बा। टीम इंडिया के स्टार खिलाड़ियन में से एगो रविचंद्रन अश्विन अचानक संन्यास लेबे के एलान कs दिहले बाड़न. हालांकि निमन अवुरी राहत देवे वाला बात इs बा कि अश्विन अबे ले आपन आखिरी मैच नईखन खेलले। बाकी दू गो मैच में ऊ टीम के साथे रहीहें. मतलब कि ई टेस्ट सीरीज उनुकर आखिरी सीरीज होखी. टीम इंडिया के बहुत बड़ जीत में अश्विन के बहुत बड़ योगदान बा। 

अब अश्विन अंतरराष्ट्रीय मैच ना खेलिहें

खास बात ई बा कि जब भारत बनाम आस्ट्रेलिया के मैच चलत रहे तs खबर आवे लागल कि आजु मैच खतम होखते रविचंद्रन अश्विन संन्यास ले लीहें. जइसहीं मैच के ड्रॉ के एलान भइल. कुछ समय बाद अश्विन अपना कप्तान रोहित शर्मा के संगे आके रिटायर होखे के एलान कईले। अब ऊ कवनो अंतर्राष्ट्रीय मैच ना खेलीहें. बाकिर उमेद बा कि बाकी दू गो टेस्ट मैच में भी ऊ टीम के साथे रहीहें. अश्विन भारी दिल से रिटायरमेंट के एलान कइले बाड़न. हालांकि अबहियों ऊ आईपीएल में खेलत लउकीहें.

इहो पढ़ीं: Gorakhpur Literary Festival: 21 आ 22 दिसंबर के गोरक्षनगरी में देस के जानल-मानल साहित्यकार आ कलाकार, अलग-अलग विषयन पs होई परिचर्चा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-