मिस टू मिसेज! दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधु कइली वेंकट दत्ता साई से सगाई

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2024

भारत के टॉप शटलर आ दू बेर के ओलंपिक मेडल विजेता पीवी सिंधु के सगाई शनिचर के दिने वेंकट दत्ता साईं से हो गइल. ई सगाई एगो निजी समारोह जइसन लागत रहे. शनिचर के उs

Share

पीवी सिंधु आ वेंकट दत्ता साई

भारत के टॉप शटलर आ दू बेर के ओलंपिक मेडल विजेता पीवी सिंधु के सगाई शनिचर के दिने वेंकट दत्ता साईं से हो गइल. ई सगाई एगो निजी समारोह जइसन लागत रहे. शनिचर के उs अपना सगाई के एगो प्यारा तस्वीर सोशल मीडिया पs शेयर कईली। तस्वीर में दुनो लोग हंसत देखाई देतारे, जबकि बैकग्राउंड में एगो दिल के छूवे वाला बैनर देखाई देता, जवना पs ‘मिस टू मिसेज’ लिखल रहे।

पीवी सिंधु तस्वीर के कैप्शन में लिखले बाड़ी कि, ‘जब प्यार आपके बोलाए तs ओकरा के फॉलो करीं, काहेंकी प्यार आपके कुछूओ ना बल्कि बहुत कुछ देला – खलील जिब्रान।’ एह पोस्ट के 4.5 लाख से अधिका लाइक मिलल बा, जबकि 1000 से अधिका कमेंट भइल रहे. दू बेर के ओलंपिक पदक विजेता शटलर पीवी सिंधु के बियाह 22 दिसंबर के उदयपुर में होखे वाला बा. शादी से जुड़ल कार्यक्रम 20 दिसंबर से शुरू होखे वाला बा।

22 तारीख के उदयपुर में शादी आ 24 तारीख के हैदराबाद में रिसेप्शन

पीवी सिंधु के पिता पीवी रमना पीटीआई से कहले कि, ‘दुनो परिवार एक दूसरा के जानत रहे, बाकिर सबकुछ अबे एक महीना पहिले फाइनल भइल हs।’ इहे एकमात्र संभव समय रहे, काहे कि जनवरी से उनुकर (पीवी सिंधु) के कार्यक्रम बहुत व्यस्त होखे वाला बा, एहसे दुनो परिवार 22 दिसंबर के बियाह के रस्म के आयोजन करे के फैसला कईले। स्वागत समारोह 24 दिसंबर के हैदराबाद में होई। उs जल्दिए आपन ट्रेनिंग शुरू करीहे, काहेकी अगिला सीजन महत्वपूर्ण होखे वाला बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.