Ravan Dahan in Delhi: राष्ट्रपति मुर्मु आ PM मोदी मारल लो तीर, धू-धूके जरल रावन 

रावण के तीर मारत पीएम मोदी आ राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु।

Share

बुराई पs अच्छाई के प्रतीक दशहरा में रावण, कुंभकर्ण आ मेघनाथ के पूतला दहन होखल सुरू हो गइल बा। दिल्ली के लालकिला इस्थित रामलीलन में रावण दहन के तइयारी चल रहल बा। कइयन जगहन पs अभी रावण जरल अभी सुरू होखे के बा।

लालकिला इस्थित माधव दास पार्क में श्रीधार्मिक रामलीला कमेटी में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पहुंचके रामलीला मंच पs सांझ के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु आ पीएम मोदी भगवान राम आउर लक्ष्मण के भूमिका निभावे वाला कलाकारन के माथा पs तिलक लगवलें।

एकरा अलावे लालकिला के लगे होखे वाला लवकुश रामलीला में अभिनेता अजय देवगन, फिल्म निर्माता रोहित शेट्टी आ अभिनेत्री करीना कपूर आई लो। जहां ऊ लोग रावण दहन करी। ओहिजा, नव श्रीधार्मिक में प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष देवेंद्र यादव पुतला दहन करिहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-